[the_ad_group id="30365"]

मदरसा में शुरू होई प्री प्राइमरी के कलास, तैयारी शुरू, मार्च में जारी कइल जाई पाठ्यक्रम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जल्दिए उत्तर प्रदेश के मदरसा में प्री प्राइमरी कक्षा शुरू होई। एकर तैयारी शुरू हो गइल बा। पाठ्यक्रम तैयार कइल जा रहल बा। मार्च में एकर पूरा शिड्यूल जारी होई।

दरअसल, मदरसा आधुनिक बनावे के कवायद चल रहल बा। इहां के बचवे विज्ञान, गणित जइसन विषय पढ़ल अउर शिक्षा के मुख्यधारा में शामिल होखें, एकर पुरजोर कोशिश हो रहल बा। इहे कारण बा कि मदरसा में कंप्यूटर शिक्षा भी शुरू कइल गइल।

गैर मान्यता प्राप्त मदरसा के सर्वे करावे के पीछे भी सरकार के मंशा इहे ह कि मदरसा में पढ़े वाले लइके प्रतिस्पर्धा में आगे रहें। एही सोच के तहत प्री प्राइमरी कक्षाएं चलावे के तैयारी हो रहल बा। बोर्ड के चेयरमैन डॉ. इफ्तिखार अहमद जावेद के कहनाम बा कि एह पर तेजी से काम शुरू हो गइल बा।

प्री प्राइमरी के पाठ्यक्रम तैयार कइल जा रहल बा। कोशिश बा कि शुरू से ही लइकन के सब विषय पढ़ावल जाईं। मार्च में बोर्ड के कैलेंडर जारी होला। ओही समय प्री प्राइमरी कक्षा के भी शिड्यूल जारी कs दिहल जाई

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]