काशी पहुंचली राज्यपाल: विद्यापीठ अउर संपूर्णानंद संस्कृति विश्वविद्यालय के दीक्षांत समारोह के करिहें अध्यक्षता

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 31, 2022

महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ अउर संपूर्णानंद संस्कृति विश्वविद्यालय के दीक्षांत समारोह में शामिल होखे खातिर राज्यपाल आनंदीबेन पटेल सुक्क के वाराणसी पहुंच गइली। राज्यपाल साँझ 7.05 बजे वाराणसी एयरपोर्ट पहुंचली। एकरे बाद सड़क मार्ग से

Share

महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ अउर संपूर्णानंद संस्कृति विश्वविद्यालय के दीक्षांत समारोह में शामिल होखे खातिर राज्यपाल आनंदीबेन पटेल सुक्क के वाराणसी पहुंच गइली। राज्यपाल साँझ 7.05 बजे वाराणसी एयरपोर्ट पहुंचली। एकरे बाद सड़क मार्ग से 7.15 पर शहर खातिर प्रस्थान कइलें। बता देईं राज्यपाल दूनों विश्वविद्यालय के दीक्षांत समारोह के अध्यक्षता करी।

65 मेधावियन के मिली 76 पदक, 49 छात्रा लोग के स्वर्ण पदक

बता देईं कि महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ के 44वें दीक्षांत समारोह में 65 मेधावियन के 76 स्वर्ण पदक मिली। स्नातक में बीकॉम के आंचल राय अउर स्नातकोत्तर में एमबीए के छात्रा निष्ठा द्विवेदी सर्वोच्च अंक हासिल कs के ओवरऑल टॉपर बनली। कार्यपरिषद ने 85737 विद्यार्थियन के स्नातक, परास्नातक अउर शोध के उपाधि देहले पर मुहर लगा दिहले बा। सर्वाधिक स्वर्ण पदक पर आधी आबादी के कब्जा बा। 65 मेधावियन में 49 छात्रा बाड़ी।

दीक्षांत समारोह में 31 विद्यार्थियन के मिली 56 पदक

संपूर्णानंद संस्कृत विश्वविद्यालय के 40वें दीक्षांत समारोह में 14,702 विद्यार्थियन के उपाधि अउर प्रमाणपत्र प्रदान कइल जाई। अभिषेक शुक्ला के सर्वाधिक नौ स्वर्ण पदक, शाश्वत निर्भय के चार, शिवशंकर उपाध्याय, शिवम शुक्ला, स्मिता, रामप्रवेश त्रिपाठी, ज्ञानेंद्र मिश्र अउर आराधना पांडेय के तीन-तीन स्वर्ण पदक मिली।

कुलपति प्रो. हरेराम त्रिपाठी बतवलें कि दीक्षांत समारोह के मुख्य अतिथि सर्वोच्च न्यायालय के पूर्व मुख्य न्यायाधीश शरद अरविंद बोबडे होइहें। मुख्य भवन में अपराह्न दू बजे से दीक्षांत समारोह होई। समारोह में 31 मेधावियन के 56 पदक दिहल जाई। आचार्य में सर्वाधिक अंक पावे वाले अभिषेक शुक्ल के आठ स्वर्ण अउर एक रजत पदक के संगे नौ स्वर्ण पदक प्रदान कइल जाई।

कुलाधिपति अउर राज्यपाल आनंदी बेन पटेल दीक्षांत समारोह के अध्यक्षता करिहें। दीक्षांत समारोह में साल 2022 के उपाधि अउर मेधावियन के पदक देवे खातिर विद्यापरिषद अउर कार्य परिषद स्वीकृति प्रदान कइलस। एहमें 9,774 छात्र अउर 4,928 छात्रा समेत 14,702 विद्यार्थियन के उपाधि मिली।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.