[the_ad_group id="30365"]

सोशल मीडिया पs आचार संहिता समय के मांग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के हिन्दी एवं पत्रकारिता विभाग द्वारा मीडिया संवाद श्रृंखला के तहत एगो व्याख्यान के आयोजन सोमार के हिंदी विभाग में कइल गइल।सामाजिक विकास में संप्रेषण के भूमिका विषय पs आयोजित कार्यक्रम के मुख्य अतिथि काशी हिंदू विश्वविद्यालय के जनसंपर्क अधिकारी डॉ. राजेश सिंह कहलें कि कवनो विश्वविद्यालय में पहिला बेर पत्रकारिता परिषद के गठन भइल बा, जवन सराहनीय बा।

ऊ सोशल मीडिया के बारे में चरचा करत कहलें कि वर्तमान परिदृश्य में सोशल मीडिया के प्रयोग के देखत ओह पर एगो निर्धारित आचार संहिता के व्यवस्था होखे के चाहीं, जवना से अश्लीलता आ दुरपयोग से बांचल जा सके। डॉ. सिंह कहलें कि हम एही विश्विद्यालय के विद्यार्थी रहल बानी आ हम आजो अपना आप के विद्यार्थिये के रूप में देख रहल बानी। हमरा पत्रकारिता पs गर्व बा। इहे पत्रकारिता हमरा के एशिया के सबसे बड़ आवासीय विश्वविद्यालय के जनसंपर्क अधिकारी बनवले बा।

कार्यक्रम में नवगठित पत्रकारिता परिषद कार्यकारिणी के सदस्यन के माला पहिना के स्वागत कइल गइल। हिंदी विभाग के वरिष्ठ आचार्य प्रो. अनिल राय कहलें कि पत्रकारिता के क्षेत्र व्यक्ति के जिनगी में बदलाव लेआ सकत बा। पत्रकारिता के क्षेत्र में बहुते संभावना बा। हिंदी विभाग के विभागाध्यक्ष प्रो. दीपक प्रकाश त्यागी कहलें कि मीडिया के क्षेत्र बहुत सारा चुनौतियन से भरल बा। ई क्षेत्र खाली रोजगार के अवसरे ना देला बलुक ई समाज के सेवा के प्रमुख माध्यमो हs।

एकरा पहिले मुख्य अतिथि के स्वागत आराधना पाठक आ विशिष्ट अतिथि तारा सिंह के स्वागत निवेदिता चंद द्वारा कइल गइल। स्वागत भाषण आ विषय प्रवर्तन समन्वयक प्रो राजेश मल्ल कइलें। संचालन डॉ. राम नरेश राम आ आभार ज्ञापन डॉ. रजनीश चतुर्वेदी कइलें। एह अवसर पs प्रो. प्रत्यूष दुबे, डॉ. अभिषेक शुक्ल, डॉ. अखिल मिश्र, डॉ. नरेंद्र कुमार के संगही सब छात्र- छात्रा आ कर्मचारी मवजूद रहे लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]