[the_ad_group id="30365"]

प्रयागराज: दू हिस्सा में बंटल चलत ट्रेन, 200 मीटर आगे निकलल गंगा गोमती एक्सप्रेस के इंजन, बाल-बाल बचल लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज जिला में मंगर के बड़ हादसा टल गइल। इहां गंगा गोमती एक्सप्रेस ट्रेन हादसा के शिकार भइले से बच गइल। दरअसल, गंगा गोमती एक्सप्रेस प्रयागराज से लखनऊ जात रहे। एही दौरान गंगा गोमती एक्सप्रेस के इंजन बीच रास्ता में ट्रेन के छोड के आगे बढ़ गइल।

एहसे ट्रेन दू हिस्सा में बंट गइल। इंजन कोच के छोड़ के 200 मीटर आगे निकल गइल। गनीमत ई रहल कि बड़ हादसा टल गइल। ई घटना रामचौरा रोड स्टेशन के पास भइल। सूचना मिलले के बाद ट्रेन से यात्री बाहर उतरलें। मंगर के भोरे 6:30 बजे के आसपास ई हादसा भइल।

बतावल जा रहल बा कि कपलिंग टूटले के वजह से ई घटना भइल। फिलहाल रेलवे के टेक्निकल टीम मरम्मत कs दिहले रहे। तकरीबन 2 घंटा के बाद लखनऊ खातिर ट्रेन रवाना भइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]