[the_ad_group id="30365"]

सीवान में सड़क हादसा, दु के हालत गंभीर: तेज रफ्तार कार कुचललस, छपरा जात रहे लो दुनो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान में मंगर के सबेरे तेज रफ्तार में आ रहल ब्रेजा कार बाइक सवार दु जुवकन के कुचल देलस। घटना में दुनो के इस्थिति नाजुक बनल बा। एकरा बाद घायलन के पटना पीएमसीएच रेफर कs दिहल गइल बा। घटना में गंभीर रूप से घायलन के पहचान उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला के रहे वाला 26 वर्षीय समसुद्दीन अहमद आ 24 वर्षीय इमामुद्दीन खान के रूप में भइल बा।

बतावल जात बा कि दुनो युवक सब्जी के कारोबार करेला लो। घटना सीवान-छपरा एनएच 521 पs इस्थित पचरुखी थाना क्षेत्र के पचरुखी बाइपास के लगे के हs। घटना के बाद राहगीरन के मदद से दुनो के उठाके आनन-फानन में सीवान शहर के एगो निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल, जवना के बाद चिकित्सक लोग दुनो घायलन के पीएमसीएच रेफर कs दिहल लो। ई दुनो के इस्थिति बहुते गंभीर बनल बा ।

हादसा के बाद क्षतिग्रस्त बाइक

राहगीर लोग अस्पताल में करवावल भर्ती

घटना के बाद घायलन के पॉकिट से मिलल आइडेंटी कार्ड आ मोबाइल फोन से ई जानकारी मिलल बा कि दुनो जुवक देवरिया जिला में सब्जी के कारोबार करेला लो। ऊ लोग सोमार के रात सीवान कवनो काम के सिलसिला में आइल रहे लो आ छपरा जात रहे लो। जइसही पचरुखी थाना क्षेत्र के पचरुखी बाइपास के लगे पहुंचल लो तबे पीछे से तेज रफ्तार में आ रहल ब्रेजा कार ओह लोग के कुचलत फरार हो गइल।

घटना के बाद राहगीरन के मदद से घायलन के उठाके सीवान के गो  निजी अस्पताल में भर्ती करावल  गइल जहां ओह लो के पटना रेफर कs दिहल गइल। ओहिजा घटना के बाद स्थानीय लोग घायलन के पॉकिट से बरामद प्रमाण पत्र आ मोबाइल के आधार पs ओह लोग के परिजनन के घटना के जानकारी दिहल।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]