[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र: चंद्रपुर में फुटओवर ब्रिज के एगो हिस्सा ढहल, रेलवे ट्रैक पर गिरल लोग, महिला के मौत, 12 लोग घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के चंद्रपुर में फुटओवर ब्रिज के एगो हिस्सा ढह गइल। हादसा में एगो 48 साल के महिला के मौत हो गइल बा, जबकि 12 अन्य घायल हो गइलें। एमें से तीन लोग के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा। हादसा बल्हारशाह रेलवे स्टेशन पर भइल। जानकारी के मुताबिक, महाराष्ट्र में चंद्रपुर में जिला के बल्हारशाह रेलवे स्टेशन पर फुट ओवरब्रिज के एगो हिस्सा धराशाई हो गइल। ब्रिज के ऊंचाई करीब 60 फीट बतावल जा रहल बा। हादसा के समय एह पर कई लोग मौजूद रहनें। हादसा के समय लोग 60 फीट के ऊंचाई से रेलवे पटरी पर जा के गिरनें। राहत अउर बचाव कार्य जारी बा।

सरकारी रेलवे पुलिस के एगो अधिकारी बतवलें कि बड़ संख्या में यात्री पुणे जाए वाली ट्रेन में सवार होखले के चलते एफओबी के इस्तेमाल करत रहनें, तब्बे एकर एगो हिस्सा अचानक गिर गइल। नतीजतन कुछ लोग रेलवे ट्रैक पर गिर गइलें। जिला सूचना कार्यालय कहलस कि एह घटना में 13 लोग घायल भइल बानें। उनके बल्लारपुर ग्रामीण अस्पताल ले जाइल गइल बा अउर ओमें से कुछ लोग के बाद में चंद्रपुर सरकारी मेडिकल कॉलेज अउर अस्पताल (जीएमसीएच) में रेफर क दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]