[the_ad_group id="30365"]

प्रयागराज: ग्लोबल अस्पताल होई ध्वस्त, 28 अक्तूबर ले इमारत खाली करे खातिर नोटिस भइल जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मरीज के प्लेटलेट्स के जगह मुसम्बी के जूस चढ़वले के आरोप से घिरल झलवा के ग्लोबल हॉस्पिटल एंड ट्रामा सेंटर के प्रयागराज विकास प्राधिकरण 28 अक्तूबर ले इमारत खाली करे खातिर नोटिस जारी कइले बा। नागरिक प्राधिकरण इमारत के अवैध रूप से निर्मित करार दिहले बा। अस्पताल में बुलडोजर चलले के संभावना बा। उपमुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक दोषी पावल गइले पर अस्पताल के खिलाफ सख्त कार्रवाई आश्वासन देहलें।

बता देईं कि बमरौली निवासी प्रदीप पांडे के डेंगू पीड़ित होखले के बाद झलवा के ग्लोबल हॉस्पिटल एंड ट्रामा सेंटर में 14 अक्तूबर के भर्ती करावल गइल रहल। जहां 16 अक्तूबर के प्लेटलेट्स 17 हजार पहुंचले पर मरीज के तीन यूनिट प्लेटलेट्स चढ़ावल गइल। उहवें प्लेटलेट्स चढ़ावत वक्त मरीज के हालत बिगड़ गइल। जेकरे बाद अस्पताल मरीज के अपने इहां से रेफर कर दिहल गइल। उहवें 19 अक्तूबर के मरीज के मौत हो गइल।

एकरे बाद मृतक प्रदीप पांडे के साले सौरभ त्रिपाठी ग्लोबल हॉस्पिटल एंड ट्रामा सेंटर पर आरोप लगवलें कि प्लेटलेट्स के जगह मरीज के मुसम्बी के जूस चढ़ा दिहल गइल। जेसे मरीज के नस फाट गइल अउर उनकर मौत हो गइल। जब एह घटना के वीडियो सोशल मीडिया पर वायरल भइल त डिप्टी सीएम अस्पताल के सील करे के आदेश जारी करत मामले में जांच के आदेश दे दिहलें।

उहवें धूमनगंज थाना में अस्पताल प्रशासन के खिलाफ एफआईआर भी दर्ज क लिहल गइल। उहवें अब योगी सरकार एह पूरा मामला में सख्त रूख अपनावत माफिया के तर्ज अस्पताल प्रशासन के एह इमारत के भी ढाहे के मन बना लिहले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]