[the_ad_group id="30365"]

हर दिन पांच अस्पताल के करे के होई निरीक्षण, सीएमओ खातिर महानिदेशक के निर्देश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रदेश में स्वास्थ्य सेवा के बेहतर बनावे खातिर सब मुख्य चिकित्सा अधिकारियन के सख्त निर्देश दिहल गइल बा। मुख्य चिकित्सा अधिकारी हर दिन चार से पांच अस्पताल के निरीक्षण करिहें। ओही दिन साँझ ले निरीक्षण संबंधी रिपोर्ट महानिदेशालय के भेजिहें। एह संबंध में महानिदेशक डॉक्टर लिली सिंह मंगर के निर्देश दिहलें बानें।
सब मुख्य चिकित्सा अधिकारियन के भेजल गइल निर्देश में कहल गइल बा कि अस्पताल में आधारभूत सुविधा के साथ मरीजन के देखरेख अउर दवाई के व्यवस्था मुकम्मल होखे के चाहीं। हर अस्पताल के मॉनिटरिंग कइल जाव। एकरे खातिर सब मुख्य चिकित्सा अधिकारी हर दिन कम से कम चार से पांच अस्पताल के निरीक्षण करिहें। निरीक्षण के दौरान अस्पताल में डॉक्टरन अउर दवाई के नाम दर्ज बा कि नाइ, एहपर रिपोर्ट बनावें।
एही तरे भर्ती मरीजन से बातचीत कs के फीडबैक लेहले, दवाई के व्यवस्था देखले, पेयजल सफाई व्यवस्था देखले, स्ट्रेचर अउर व्हीलचेयर के व्यवस्था आदि पर अनिवार्य रूप से रिपोर्ट बनावे के होई। रिपोर्ट में निरीक्षण के दौरान पावल गइल कमी भी बतावे के होई। अगिले राउंड के निरीक्षण के दौरान इहो देखेके होई कि पहिले निरीक्षण में पावल गइल कमी केतना दूर हो पाई अउर केतना रह गइल बा। जौने कमी के दूर नाइ कइल जा सकल उनकर वजह भी बतावे के होई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]