[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के हिस्ट्रीशीटर मेराजुल हक के हत्या के आरोपियन पर गैंगस्टर एक्ट, पीट के उतारल गइल रहे मौत के घाट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के गोरखनाथ थाना क्षेत्र के जामिया नगर में 25 जुलाई 2021 के साँझ  हिस्ट्रीशीटर मेराजुल हक के पीट के हत्या करे के आरोपियन पर गैंगस्टर के केस दर्ज कर लिहल गइल बा। पुलिस के रिपोर्ट पर डीएम के संस्तुति के बाद बुध के केस दर्ज कइल गइल।  मेराजुल गोरखनाथ थाना के पुरान हिस्ट्रीशीटर रहल। वर्तमान में सब आरोपी जेल में बंद बानें।
जानकारी के मुताबिक, पुराना गोरखपुर मोहल्ले में इमामाबाड़ा के पास का रहे वाला मेराजुल सवेरा मैरिज हाउस चलावत रहे। 24 जुलाई के ग्रीन सिटी के पास स्थित सेंट जोसेफ स्कूल के पास अपने भूमि पर निर्माण करवावत रहे। एही दौरान ओके पीट के घाही कs दिहल गइल रहे।
बीआरडी मेडिकल कॉलेज में डॉक्टर ओके मृत घोषित क दिहले रहने। पुलिस सीसीटीवी कैमरा के मदद अउर जांच के आधार पर आरोपियन के गिरफ्तार कs के जेल भेज देहलस। अब सब पर प्रभारी निरीक्षक दुर्गेश सिंह के तहरीर पर पुलिस गैंगस्टर के केस दर्ज कइले बा।

इनके खिलाफ दर्ज भइल केस

पुराना गोरखपुर निवासी मोहम्मद साहिद उर्फ राजू, मोहम्मद  हासिम पुत्र साहिद उर्फ राजू, तौसिफ आलम, महताब आलम, मोहम्मद इमरान, मोहम्मद सहनवाज, मोहम्मद शादाब, मोहम्मद सफी, मोहम्मद रफी, अशहर खान , सूर्यविहार कॉलोनी फैसल, अशफाक पर गैंगस्टर के केस दर्ज कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]