[the_ad_group id="30365"]

दिशा छात्र संगठन के ओर से आयोजित कइल गइल निबन्ध प्रतियोगिता के प्रमाणपत्र अउर पुरस्कार वितरण के कार्यक्रम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिशा छात्र संगठन के ओर से जाति विरोधी योद्धा ज्योतिबाराव फुले के स्मृति दिवस 28 नवम्बर पs “भारत में जाति समस्या अउर समाधान” विषय पs आयोजित निबन्ध प्रतियोगिता के प्रमाणपत्र अउर पुरस्कार वितरण के कार्यक्रम आजु पन्त पार्क में कइल गइल।

एह निबन्ध प्रतियोगिता में गोरखपुर विश्वविद्यालय से कुल 80 छात्र लोग हिस्सा लिहले बानें। निबन्ध प्रतियोगिता में शामिल सब प्रतिभागियन के ‘मुक्तिकामी छात्रों-युवाओं का आह्वान’ पत्रिका के सम्पादक प्रसेन द्वारा प्रमाण पत्र अउर पुरस्कार वितरण कइल गइल।

एह तरह के प्रतियोगिता आयोजित कइले के पीछे के मकसद बा कि विश्वविद्यालय में एगो ऐसा मंच बनावल जाय जेमें एह तरह के निबन्ध प्रतियोगिता, कविता प्रतियोगिता, कहानीपाठ, चर्चा-परिचर्चा,संगीत अउर चित्रकला आदि कार्यक्रम आयोजित कइल जाय ताकि छात्र के अपने सृजनात्मकता के बढ़वले के मौका मिली।

ज्योतिबाराव फुले अउर सावित्रीबाई फुले जइसन लोग जातीय उत्पीड़न अउर स्त्री व दलित शिक्षा खातिर अपने वक्त में एह समस्या के खिलाफ आजीवन संघर्ष कइल लोग। एह तरह के विषय चुनले के पीछे के मकसद इहे बा कि ई समस्या आजुओ समाज के एगो बड़ समस्या बनल बा। आजु के नौजवानन के जिम्मेदारी बा कि एह समस्या के जाने समझे अउर ज्योतिबा राव फुले के लड़ाई के आगे बढ़ावे खातिर आगे आवें। कार्यक्रम के संचालन दिशा छात्र संगठन, गोरखपुर इकाई के संयोजक अंजलि कइली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]