[the_ad_group id="30365"]

UP News: यूपी में सप्ताह भर रह सकत बा बिजली संकट, कइयन विद्युत उत्पादन इकाई ठप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में करीब हफ्ता भर बिजली संकट बरकरार रही। ग्रामीण इलाकन में 5 से 6 घंटा कटौती हो सकत बा। करीब 6 घंटा मुख्य आपूर्ति ठप होखे के मतलब बा कि संबंधित क्षेत्र में लोकल फाल्ट आ आउर कामन के मिलाके 10 घंटा से जादे बिजली ना मिल पाई। काहेकि जब 18 घंटा बिजली आपूर्ति के दावा कइल जाला तs जादेताlर ग्रामीण इलाकन में 10 से 15 घंटा बिजली मिल पावेला।

प्रदेश के चार उत्पादन इकाइयन में अतवार के सांझ गड़बड़ी आ गइल। दुगो इकाइयन में बॉयलर में गड़बड़ी आइल बा तs एगो इकाई में आउर तकनीकी खराबी बतावल जा रहल बा। एही ताlरे एगो इकाई में कोयला के आपूर्ति कम होखे के वजह से उत्पादन ठप भइल बा। अइसन इस्थिति में राज्य में होखे वाला कुल उत्पादन में करीब ढाई हजार मेगावाट के गिरावट आ गइल बा।

एह दौरान बिजली के खपत करीब 21000 मेगावाट बा बाकिर मंगर के उमस बढ़ावे के वजह से ई खपत 24000 मेगावाट तक जा सकत बिया। एक ओर जहां घरेलू उत्पादन कम भइल बा तs दूसरका तरफ खपत बढ़ गइल बा। एह हालात के देखत पावर कॉरपोरेशन कटौती सुरू कs देले बा। सोमार के अधिकृत रूप से कुछ इलाकन में डेढ़ से 2 घंटा तs कुछ इलाकन में तीन घंटा तक बिजली कटौती कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]