[the_ad_group id="30365"]

छपरा के लोगन  खातिर बड़ सूचना: आज 7 घंटा तक घरन में ना रही बिजली, 9 बजे से पहिले निपटा लीं जरूरी काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के एकमा पावर सब स्टेशन में बियफे के सात घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। ई पावर कट सबेरे 9 बजे से लेके चार बजे तक कइल जाई। एकमा पावर सबस्टेशन 132 केवीए में वायर शिफ्टिंग के चलते पावर कट के निर्णय लिहल गइल बा।

बरसात के मौसम में पावर सप्लाई में परेशानी ना होखे एकरा खातिर विद्युत विभाग द्वारा निर्णय लेके 132kva पावर प्लांट में वैकल्पिक मार्ग से पावर केबल के शिफ्टिंग कइल जा रहल बा। एह पावर शिफ्टिंग के एकमा पावर ग्रिड के मल्टीपल में जोड़ल जाई। एह दौरान एकमा के परसा, मकुंदपुर, आमदारी आ दाउदपुर पंचायत सहित आसपास के कुछ हिस्सन में बिजली गुल रही।

पावर कट के बारे में जानकारी देत विद्युत कनीय अभियंता सुजीत कुमार बतवलें कि आवे वाला बरसात के मौसम के चलते विद्युत सप्लाई पs भारी दबाव पड़ रहल बा। एकरा चलते एकमा विद्युत केंद्र के वैकल्पिक रूट से जोड़ल जा रहल बा। वायर वे शिफ्टिंग के चलते सात घंटे का पावर कट कइल गइल बा।

मल्टीपल रूट के सब स्टेशन के जुड़ल होखला के चलते एक तरफ से बिजली फॉल्ट होखला के बादो दूसरका तरफ से बिजली चालू रहेला। बियफे के सबेरे नव बजे से सांझ चार बजे तक पावर सप्लाई बंद कs के सब तारन के मरम्मत कइल जाई। भविष्य में कवनो बिजली संबंधित परेसानी ना खड़ा होखे।

मरम्मती के काम के लेके एकमा पावर स्टेशन के पावर सप्लाई बाधित रही। पावर कट के दौरान उपभोक्तन के कवनो समस्या ना होखे। एकरा खातिर विद्युत सम्बन्धित काम निपटा लेवे के सलाह कार्यपालक अभियंता द्वारा सूचना जारी कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]