[the_ad_group id="30365"]

सारण: मशरक फीडर में 12 बजे दिन से सांझ 6 बजे ले रही शटडाउन, 12 बजे से पहिले निपटा लीं बिजली से जुड़ल काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण) : मशरक गोपालगंज 132 केवीए लाइन में कंडक्टर शिफ्टिंग टावर काम के लेके आज मंगर के 33 केवी मशरक ग्रिड में दुपहरिया 12 बजे से सांझ 6 बजे तक विद्युत आपूर्ति बंद रही।

जेई संचरण अवर प्रमंडल, मशरक अमित कुमार बतवलें कि टावर शिफ्टिंग मेंटेनेंस मशरक वर्क के लेके निर्धारित अवधि तक विद्युत शट डाउन होखला के कारण समूचा मशरक आ इसुआपुर में 6 घंटा विद्युत आपूर्ति बंद रही। कनीय अभियंता उपभोक्ता  लोगन से बिजली से जुड़ल जरुरी काम मंगर के दिन के 12 बजे के पहिले निष्पादित करे के अपील कइलें बाड़ें।

बता दीं कि, बिजली आपूर्ति निर्बाध रूप से चलत रहे एकरा खातिर समय-समय पs विभाग द्वारा मेंटेनेंस के काम कइल जात रहेला। 33 केवी मशरक ग्रिड से मशरक आ इसुआपुर के क्षेत्रन में बिजली आपूर्ति कइल जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]