[the_ad_group id="30365"]

UP में बिजली कटौती से CM योगी नाराज: रात में ऊर्जा मंत्री-सब बड़ अफसरन के तलब कइलें, बोललें- ई बर्दाश्त ना करेम, तत्काल सुधार कइल जाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी में लगातार चल रहल बिजली कटौती सरकार के चिंता बढ़ा देले बा। एकरा के लेके CM योगी आदित्यनाथ सुक  के रात ऊर्जा मंत्री से लेके विभाग के बड़ अफसरन के तलब कइलें। ओह लोगन से कटौती के कारण पूछलें आ नाराजगी जतवलें। कहलें, ई कतई बर्दाश्त ना करेम, एमे तत्काल सुधार कइल जाव आ तत्काल अघोषित कटौती के रोकल जाव।”

जरूरत पड़े तs बिजली के खरीदारी बढ़ावल जाये

CM योगी ऊर्जा मंत्री एके शर्मा से कहलें कि जदि जरूरत होखे तs बिजली खरीदारी के बढ़ाके पब्लिक के राहत पहुंचावल जाव। सीएम कहलें कि अफसरन के फीडर वाइज जवाबदेही तय कइल जाये। इहे ना, संबंधित अधिकारी रोज हर जिला के समीक्षा करे लो। हर जिला में कंट्रोल रूम बनावल जाय। जिला में नियमित रूप से डीएम बिजली बेवस्था के मॉनिटरिंग करे लो।

लोड बढ़ला से लगातार ट्रांसफॉर्मर फूंक रहल बा। तस्वीर सुक के कानपुर शहर के हs। इहां कइयन जगह ट्रांसफॉर्मर खराब हो गइल।

 

बिजली सप्लाई में जल्दी सुधार ले आवल जाये: CM

सीएम योगी कहलें, ”तत्काल विद्युत बेवस्था में सुधार ले आवल जाये। अधिकारियन के सख्त निरदेस देलें कि यूपी में कहियो फाल्ट होखे तs तुरंत ओकरा के अटेंड कइल जाव। शहर होखे भा गांव, जहां कहीं ट्रांसफॉर्मर खराब होखे के सूचना मिले, जल्दिये उहां के ट्रांसफॉर्मर बदलल जाये।

गांवन के 18, तहसील के 22, जिला मुख्यालयन के 24 घंटा बिजली मिले

CM योगी ऊर्जा मंत्री, विभाग के अध्यक्ष, एमडी आ अधिकारियन से कहलें, बिजली बेवस्था के तय शेड्यूल के धेयान रखल जाव। जिला मुख्यालयन के 24 घंटा, तहसील मुख्यालय के 22 घंटा आ गांवन के 18 घंटे बिजली हर हाल में दिहल जाव। स्पष्ट निरदेस देलें कि प्रदेश में कहियों बिजली के कमी ना होखे के चाहीं।

ई तस्वीर कानपुर के हs। बिजली सप्लाई ठप रहला से पानी के मोटर ना चलल, तs हैंडपंप के सहारा लेवे के पड़ल।

 

यूपी में रोज 500 से जादे ट्रांसफॉर्मर हो रहल बा खराब

यूपी में रोज 500 से 550 ट्रांसफॉर्मर खराब हो रहल बा। अधिकारियन के कहनाम बा कि 2 साल से ट्रांसफॉर्मर पs लोड बढ़ला आ पोल के संगे तार बिछावे के काम ना कइल गइल। खाली लखनऊ में रोज 15 से जादे छोट-बड़ ट्रांसफॉर्मर खराब हो रहल बा।

ओवरलोड के समस्या बढ़वलस परेसानी

यूपी राज्य विद्युत उपभोक्ता परिषद के अध्यक्ष अवधेश वर्मा के आरोप बा कि फीडर के 30 से 45 मिनट खातिर बंद कs दिहल जा रहल बा। उपकेंद्र पs 7 से 10 फीडर होला। हैं। एक फीडर से 1000 से 2000 उपभोक्तन के बिजली मिलेला। अइसन में एक बेर में एतना घर अन्हार में चल जाला लो। उपभोक्ता परिषद कहलस कि एकर जांच कइल जाव तो विभागीय स्तर पs बड़ लापरवाही सोझा आई।

बिजली कटौती पs उपकेंद्र ले हो चुकल बा घेराव

बिजली कटौती के लेके लखनऊ के इस्माईलगंज वार्ड नेबर 2 के लोग कमता उपकेंद्र पs हंगामा आ धरना देले रहे लो। पूर्व पार्षद रूद्र प्रताप सिंह के नेतृत्व में लोग प्रदर्शन कइले रहे। रूद्र प्रताप बतवले रहस कि रात 11 बजे से करीब दस से जादे इलाकन में वासुदेव नगर कल्याणी विहार, शंकर विहार, कैलाश विहार, इस्माइलगंज गांव, स्वप्नलोक कॉलोनी में हजारन उपभोक्ता समूचा रात बिजली कटला से परेसान बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]