[the_ad_group id="30365"]

छपरा के रास्ते चलावल जाई पूजा स्पेशल ट्रेन: कामाख्या से गोरखपुर के बीच होई विशेष साप्ताहिक ट्रेन ले संचालन, देखीं टाइम टेबल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे प्रशासन के ओर से आवे वाला त्योहारन पs होखे वाला अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत पूजा विशेष गाड़ियन के संचलन कइल जा रहल बा। एही क्रम में ट्रेन संख्या 05082/05081 गोरखपुर-कामाख्या- साप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचलन 17 नवम्बर से 02 दिसम्बर, 2023 तक प्रत्येक सुक के गोरखपुर से आ हर सनीचर के कामख्या से 3 फेरन खातिर कइल जाई।

ई जानकारी रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बा। एह ट्रेन के संचालन से छपरा के यात्रियन के विशेष लाभ मिली। ई ट्रेन कटिहार बरौनी हाजीपुर के रास्ता कामाख्या से चली।

एह ट्रेनन के होई संचालन, देखीं टाइम टेबल

05082 गोरखपुर-कामाख्या साप्ताहिक विशेष गाड़ी 17 नवम्बर से 01 दिसम्बर, 2023 तक हर सुक के गोरखपुर से 15:05 बजे प्रस्थान कs के देवरिया सदर से 16:05 बजे, सीवान से 17:00 बजे, छपरा से 18:35 बजे, हाजीपुर से 20:00 बजे, बरौनी से 22:25 बजे, बेगूसराय से 22:52 बजे, खगड़िया से 23:20 बजे, दूसरका दिन नवगछिया से 00:12 बजे, कटिहार से 02:00 बजे, किशनगंज से 03:27 बजे, न्यू जलापाईगुड़ी से 05:15 बजे, न्यू कोचबिहार से 07:40 बजे, कोकराझार से 09:04 बजे, न्यू बंगाईगाँव से 10:24 बजे, बरपेटा रोड से 11:22 बजे आ रंगिया से 12:45 बजे छूटके कामाख्या 15:00 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 05081 कामाख्या-गोरखपुर साप्ताहिक विशेष गाड़ी 18 नवम्बर से 02 दिसम्बर, 2023 तक हर सनीचर के कामाख्या से 21:00 बजे प्रस्थान कs के रंगिया से 21:43 बजे, बरपेटा रोड से 22:37 बजे, न्यू बंगाईगाँव से 23:47 बजे, दूसरका दिन कोकराझार से 00:22 बजे, न्यू कोचबिहार से 01:30 बजे, न्यू जलापाईगुड़ी से 03:45 बजे, किशनगंज से 05:02 बजे, कटिहार से 07:15 बजे, नवगछिया से 08:07 बजे, खगड़िया से 09:02 बजे, बेगूसराय से 09:40 बजे, बरौनी से 10:25 बजे, हाजीपुर से 12:10 बजे, छपरा से 14:20 बजे, सीवान से 15:20 बजे आ देवरिया सदर से 16:30 बजे छूटके गोरखपुर 17:30 बजे पहुंची।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]