[the_ad_group id="30365"]

कैमरा में कैद : कार से अइली महिला घर के बाहर रखल गमलन पs कइलस हाथ साफ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजकल सोशल मीडिया पs एगो वीडियो वायरल हो रहल बा। एह वीडियो में दू गो मेहरारू एगो घर के बहरी से फूल के गमला चोरावत लउकत बाड़ी। वीडियो में देखल जाता कि कइसे पहिले दुनो महिला एगो बड़ गाड़ी में आके ओकरा बाद गाड़ी रोक के एगो घर के बहरी राखल गमला उठा के मउका से भाग जाले।फूल के गमला चोरी करे वाली महिला के इ पूरा घटना घर के बहरी लगावल सीसीटीवी कैमरा में कैद हो गईल बा। घटना के सूचना मोहाली के सेक्टर 78 से हो रहल बा।

बता दीं कि अइसन अनोखा चोरी के ई पहिला मामला नइखे।अबे कुछ महीना पहिले महाराष्ट्र के अकोला में गणपति पंडाल में चंदा के डिब्बा में घुस के चोरी के मामिला सोझा आईल रहे। इ पूरा घटना सीसीटीवी में कैद हो गईल। सोशल मीडिया पs भी ई वीडियो वायरल हो गइल।इ देख के लोग अचरज में पड़ गईले।

असल में इ घटना उमरी निवासी के राजा श्री संत रोहिदास महाराज गणेशोत्सव गणपति पंडाल के हs। जहां 25 सितंबर के दुपहरिया 2:13 बजे एगो चोर चंदा के डिब्बा से हजारों रुपिया चोरा लिहलस।ए घटना के समय पंडाल के पीछे मंडप के मजदूर काम करत रहले।

मउका के फायदा उठावत चोर गणपति पंडाल में घुस के श्री गणपति बप्पा के सोझा राखल दान पेटी खोल के ओकरा में प्रसाद के आपन हाथ साफ कs दिहलस। एकरा बाद उ गणपति पंडाल से भाग गईल।

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]