[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी में मारल गइल दू शातिर बदमाशन के एनकाउंटर करे वाली पुलिस टीम के दू लाख के इनाम, दू SI बनावल गइलें थाना प्रभारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी में दरोगा के गोली मार के पिस्टल लुटे वाले दू बदमाशन के सोमार सुबह पुलिस मुठभेड़ में मार गिरवलस हालांकि उनकर साथी फरार होखले में कामयाब रहल। ओकर तलाश जारी बा। मौका से दरोगा से लूटल गई पिस्टल भी बरामद कर लीहल गइल बा।

जानकारी के अनुसार, तीनो अपराधी सगे भाई हवें अउर बिहार में कई वारदात में शामिल रहल बानें। ई तीनों भाई पटना से भागल रहनें अउर वाराणसी में शरण लिहले रहनें। वाराणसी में तीनों के पनाह देहले में अहम भूमिका केकर रहल, पुलिस एकर पड़ताल शुरू क देहले बा। नौ नवंबर के लक्सा थाना में तैनात दरोगा के गोली मारे के घटना के बाद से ही लगातार कमिश्नरेट पुलिस पर सवाल उठत रहे।

ऑपरेशन पाताल लोक के तहत सोमार सुबह पुलिस घटना में शामिल दू बदमाशन के ढेर कर दिहलस। एनकाउंटर भेलखा गांव के पास रिंग रोड पर भइल। पुलिस आयुक्त ए सतीश गणेश ने एनकाउंटर वाली टीम में शामिल दू दरोगा के थाना के प्रभार सौंपलें। त उहवें यूपी डीजीपी डॉक्टर डीएस चौहान एनकाउंटर करे वाली टीम के दू लाख रुपया इनाम देवे के घोषणा कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]