Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

वाराणसी में मारल गइल दू शातिर बदमाशन के एनकाउंटर करे वाली पुलिस टीम के दू लाख के इनाम, दू SI बनावल गइलें थाना प्रभारी

193

वाराणसी में दरोगा के गोली मार के पिस्टल लुटे वाले दू बदमाशन के सोमार सुबह पुलिस मुठभेड़ में मार गिरवलस हालांकि उनकर साथी फरार होखले में कामयाब रहल। ओकर तलाश जारी बा। मौका से दरोगा से लूटल गई पिस्टल भी बरामद कर लीहल गइल बा।

जानकारी के अनुसार, तीनो अपराधी सगे भाई हवें अउर बिहार में कई वारदात में शामिल रहल बानें। ई तीनों भाई पटना से भागल रहनें अउर वाराणसी में शरण लिहले रहनें। वाराणसी में तीनों के पनाह देहले में अहम भूमिका केकर रहल, पुलिस एकर पड़ताल शुरू क देहले बा। नौ नवंबर के लक्सा थाना में तैनात दरोगा के गोली मारे के घटना के बाद से ही लगातार कमिश्नरेट पुलिस पर सवाल उठत रहे।

ऑपरेशन पाताल लोक के तहत सोमार सुबह पुलिस घटना में शामिल दू बदमाशन के ढेर कर दिहलस। एनकाउंटर भेलखा गांव के पास रिंग रोड पर भइल। पुलिस आयुक्त ए सतीश गणेश ने एनकाउंटर वाली टीम में शामिल दू दरोगा के थाना के प्रभार सौंपलें। त उहवें यूपी डीजीपी डॉक्टर डीएस चौहान एनकाउंटर करे वाली टीम के दू लाख रुपया इनाम देवे के घोषणा कइलें।

387540cookie-checkवाराणसी में मारल गइल दू शातिर बदमाशन के एनकाउंटर करे वाली पुलिस टीम के दू लाख के इनाम, दू SI बनावल गइलें थाना प्रभारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.