[the_ad_group id="30365"]

पराली जरवले पर नौ किसानन के किसान सम्मान निधि रोक के नोटिस, नियम के अनदेखी कइला पर भइल कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रशासन के पराली जरवले पर रोक लगावे के बाद भी जरवला पs नौ किसानन के किसान सम्मान निधि रोके के नोटिस जारी कइल गइल बा उनके कृषि विभाग से मिले वाली अन्य सरकारी योजना पर आजीवन प्रतिबंध लगवले पs विचार-विमर्श कइल जा रहल बा। उहवें, आठ तकनीकी सहायकन के प्रतिकूल प्रविष्टि दीहल गइल बा।

उपनिदेशक कृषि विकेश कुमार पटेल बतवलें कि जनपद में शुभम बॉयो एनर्जी द्वारा 42 किसानन से करीब दू सौ टन पराली डेढ़ सौ रुपया प्रति क्विंटल पर खरीदल गइल बा। पर्यावरण दूषित न होखले पर खेतन में जैविक व्यवस्था बनल रहे, एकरे खातिर शासन खेत में पराली जरवला से मना कइले बा। एकरे बाद भी कई किसानन के खेत में पराली जरावत मिललें।

एह पर नौ किसानन के किसान सम्मान निधि रोके खातिर नोटिस दिहल गइल बा। एकरे बाद कृषि विभाग के ओर से मीले वाला सुविधा पर आजीवन प्रतिबंध लगवले पर विचार कइल जा रहल बा। प्रशासन पहिलहू सब कर्मचारियन के निर्देशित कइले रहल कि ऊ अपने-अपने क्षेत्र में रह के पराली जरवले के घटना पर रोक लगावें। एकरे बादो कुछ कर्मचारियन के क्षेत्र में पराली जरवले के घटना आ रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]