[the_ad_group id="30365"]

पटाखा फैक्ट्री हादसा: 12 मृतकन के घर वालन के मिली पांच-पांच लाख के मुआवजा, तीन साल पहिले घटल रहे दिल दहलावे वाला घटना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भदोही के रोटहा में 2019 में पटाखा फैक्ट्री में विस्फोट में जान गंवावे वालन के परिजनन के राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग के ओर से मुआवजा मिली। स्थानीय पुलिस मृतकन के परिजन लोग के खोजान में जुट गइल बा। विस्फोट से इलाका के लोग दहल गइलें। अफवाहन के बाजार एतना गरम हो गइल रहल कि एटीएस सहित गई एजेंसियमन के जांच खातिर आवे के पडल रहे। दिल दहला देवे वाले एह घटना में कुल 12 लोग के मौत भइल रहे।
23 फरवरी 2019 के भदोही-वाराणसी मार्ग के किनारे रोटहा में अवैध पटाखा फैक्ट्री में विस्फोट हो गइल रहे। एसे न खाली 2 घर माटी में मिल गइल बलुक मृतकन के चिथड़ा उड़ गइल रहे। गांव के लोग घर छोड़ के रिश्तेदारन के इहां चल गइल रहनें।

जांच करे पहुंचल रहे एटीएस

घटनास्थल पर ग्रेनेड मिलले के अफवाह पर फोर्स तैनात कs दिहल गइल रहे। एकरे बाद एटीएस सहित तमाम एजेंसी जांच खातिर पहुंच गइल रहे। एह हादसा में कुल 12 लोग के मौत भइल। एहमें फैक्ट्री मालिक कलियर मंसूरी के दू लइके इरफान, आबिद के अलावा चौरी के अर्जुनपुर के सलीम शाह के मौत हो गइल रहे।

फैक्ट्री के पीछे कालीन कारखाना में कालीन के बुनाई क रहल बंगाल के 9 कालीन बुन के भी काल के गाल में समा गइल रहनें। चार लोग घायल हो गइल रहनें। विपक्षी दल मुआवजा के मांग उठल रहे। अब एनएचआरसी के ओर से विस्फोट में मरे वाले के परिजनन अउर घायलन के मुआवजा देहले के तैयारी पूरी हो चुकल बा।

जल्दी मुआवजा देवे खातिर पुलिस कार्यवाही शुरू कs देहले बा। पुलिस अधीक्षक डॉ. अनिल कुमार बतवलें कि राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग के ओर से मृतकन के परिजन लोग के 5-5 लाख अउर घायलन के 2-2 लाख रुपया मुआवजा दिहल जाई। मृतकन के परिजन लोग के तस्दीक कइल जा रहल बा ताकि उनके मुआवजा जल्दी मिल सके।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]