[the_ad_group id="30365"]

Punjab: पंजाब में बड़ आतंकी साजिश नाकाम, हथियार ले जा रहल पाकिस्तानी ड्रोन के BSF मार गिरवलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब के गुरदासपुर में सीमा सुरक्षा बल तस्करन के मंसूबन के नाकाम कs देले बा लोग। जानकारी के मोताबिक, 17-18 जनवरी 2023 के रात में सीमा सुरक्षा बल गुरदासपुर के उंचा टकला गांव में एगो पाकिस्तानी ड्रोन के मार गिरवलस। सुरक्षा बलन के टीम ड्रोन से 4 चीन निर्मित पिस्तौल, 8 मैगजीन आ 47 कारतूस के बरामद कइले बा।

4 पिस्तौल, 8 मैगजीन आ 47 कारतूस बरामद

बीएसएफ बतवलस कि 17-18 जनवरी के गुरदासपुर के उंचा टकला गांव के बाहरी इलाका में तैनात बीएसएफ के एगो दल पाकिस्तान के तरफ से आवे वाला एगो संदिग्ध ड्रोन के आवाज सुनलस। बीएसएफ के टीम त्वरित कार्रवाई करत संदिग्ध ड्रोन के आवाज के दिशा में फायरिंग कइलस। फायरिंग के दौरान पार्टी के पास के इलाका में कुछ गिरला के आवाज सुनाई देलस। जब ऊ क्षेत्र में सर्च अभियान चलवलस तs उहां चार चाइनीस पिस्टल, आठ मैगजीन एगो पैकेट में बंधल मिलल।

पाकिस्तानी ड्रोन के मार गिरवलस 

बीएसएफ सेक्टर गुरदासपुर डीआईजी प्रभाकर जोशी बतवले कि बीएसएफ के जवानन के ड्रोन के आवाज सुनाई देलस आ जवान लगभग 17 राउंड फायरिंग कइल लो। एह दौरान ड्रोन से कुछ गिरला के आवाज सुनाई देलस। बीएसएफ बतवलस कि जब तलाशी लिहल गइल तs एगो पैकेट बरामद भइल, जेमे से 4 चाइना पिस्तौल, 8 मैगजीन आ 47 राउंड बरामद भइल। ऊ कहलें कि एह क्षेत्र के जांच कइल जा रहल बा।

BSF तस्करन के मंसूबन के कइलस नाकाम

फिलहाल बीएसएफ के सतर्क जवान एक बेर फेर तस्करन के ड्रोन के जरिया मादक पदार्थन के तस्करी के नापाक मंसूबा के नाकाम कs दिहल गइल बा। बता दीं कि एकरा पहिले पाकिस्तान के ओर से ड्रोन के माध्यम से तस्करी के कइयन गो घटना सामने आइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]