[the_ad_group id="30365"]

कोर्ट में पैरवीकार बन के पुलिस दियवलस 567 मुजरिमन के सजा, 138 लोगों को मिला आजीवन कारावास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोर्ट में साक्ष्यन के संगे पैरवीकार बनके पुलिस जनवरी से अगस्त ले 567 मुजरिमन के सजा दियावे में सफल रहल बा। रेंज (गोरखपुर, देवरिया, कुशीनगर अउरी महराजगंज) में जनवरी से अगस्त ले सजा दियवला के विशेष अभियान चलावल गइल। जेहमें हत्या, दुष्कर्म अउरी दहेज हत्या जइसन 375 मुकदमा में 567 मुलजिमन के सजा भइल। एकरे तहत पुलिस के कामयाबी मिलला के बाद डीआईजी जे रविंद्र गौड़ रेंज के सब जिला के मॉनिटरिंग सेल के प्रोत्साहित कइल गइल बा।

जानकारी के मुताबिक, डीआईजी के आदेश पर विशेष अभियान चलावल गइल रहे। गोरखपुर में 33 मामला में 78 के आजीवन कारावास, 22 मामला में 31 के 10 साल के सजा, 13 मामला में 27 लोग के सात साल के सजा अउरी 118 बदमाश के सात साल से कम सजा भइल बा।

देवरिया जिला में 14 मुकदमा में 39 के आजीवन कारावास, नौ मामला में 14 के 10 साल के सजा, पांच के सात वर्ष के सजा अउर 118 लोग के सात साल से कम के सजा भइल बा। कुशीनगर जिला में नौ मामला में 14 के आजीवन कारावास, आठ मामला में 10 के 10 साल के सजा, सात के सात साल के सजा अउरी 30 लोग के सात साल से कम के सजा भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]