[the_ad_group id="30365"]

यातायात पुलिस में गैर जनपद से आइल आरक्षी लोगन के एसपी ट्रैफिक यातायात नियमन से करवले अवगत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। पुलिस अधीक्षक यातायात डॉ महेंद्र पाल सिंह द्वारा पुलिस लाइन वाइट हाउस सभागार में यातायात से आरक्षी आ गैर जनपद से यातायात पुलिस में सम्बद्ध आरक्षी लोगन के साथे बैठक कइल गइल। पुलिस अधीक्षक यातायात आवश्यक दिशा निरदेस देत कहले कि चौराहन पs ट्रैफिक रूल्स के उल्लंघन करे वालन के फोटो स्पष्ट खींचल होखे के चाहीं। जवना वाहनन के रजिस्ट्रेशन नंबर प्लेट के अंतिम नंबर 0 से 5 तक बा आ हाई सिक्योरिटी रजिस्ट्रेशन नंबर प्लेट नइखे तत्काल चालान कइल जाव। जवना वाहनन के रजिस्ट्रेशन नंबर प्लेट पs नम्बर स्पष्ट ना होखे ओकरो चालान कइल जाव। चौराहन पs एंबुलेंस के रास्ता रोके वाला वाहनन के तत्काल चालान कइल जाव। सभे पुलिसकर्मी खुद हेलमेट धारण कर लो आ अपना वाहन पs HSRP लगवावे लो। पुलिस अधीक्षक यातायात द्वारा पुलिस आरक्षीयन के द्वारा कइल गइल निम्मन काम जइसे केहू के खोवल बैग कवनो वाहन में छूट गइला पs ओकरा के लवटावे आदि मानवीय कामन /निम्मन कामन खातिर ओह लो के प्रोत्साहित कइल गइल आ यातायात नियमन के सख्ती से पालन करावे खातिर निरदेसित कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]