[the_ad_group id="30365"]

माओवादी भर्ती मामला में एनआईए बिहार में छह ठिकानन पर मरलस छापा, आपत्तिजनक सामग्री कइल गइल जब्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्र जांच एजेंसी (एनआईए) शुक्क के माओवादियन के भर्ती अउरी वसूली मामला में बिहार में कई जगह छापा मरलस। एनआईए के प्रवक्ता बतवलें कि औरंगाबाद, गया, रोहतास अउर पटना जिला में आरोपियन अउर संदिग्ध लोग के के आधा दर्जन ठिकाना पर तलाशी लिहल गइल।

ई मामला शुरू में रोहतास पुलिस 12 अप्रैल के दर्ज कइलें रहे। बाद में एनआईए 26 अप्रैल के दूबारा एफआईआर दर्ज कइलस। अधिकारी लोग बतावल कि तलाशी में डिजिटल उपकरण अउर दस्तावेज समेत आपत्तिजनक सामग्री जब्त कइल गईल बा। मामला में जांच जारी बा।

उल्फा के ठिकाना पs तलाशी में हथियार भइल बरामद

एनआईए शुक्क के प्रतिबंधित उग्रवादी समूह यूनाइटेड लिबरेशन फ्रंट ऑफ असम (उल्फा) के गतिविधियन अउर युवा लोग के भर्ती से जुड़ल मामला में असम के सात जिला में 16 ठिकाना पर तलाशी अभियान चलवलें। एनआईए के प्रवक्ता बतवलें कि कामरूप, नलबाड़ी, डिब्रूगढ़, तिनसुकिया, सादिया, चराइदेव अउर शिवसागर में तलाशी के दौरान डिजिटल उपकरण, हथियार के संगे आपत्तिजनक दस्तावेज अउरी साहित्य जब्त कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]