[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र में तीर्थयात्रियन पs पुलिस के लाठीचार्ज, विपक्षी दल ने सरकार पs बोललस हमला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

महाराष्ट्र के पुणे जिला के पंढरपुर में अतवार के दिने एगो मंदिर के ओर जात वारकरी भक्तन पs पुलिस लाठीचार्ज कर दिहलस। लाठीचार्ज के घटना के लेके विपक्षी दल सरकार पs हमला कईले बाड़े। जानकारी के मुताबिक भगवान श्रीकृष्ण के एगो रूप भगवान विठोबा के भक्त लोग के ओर से निकालल जुलूस के दौरान भक्त लोग के पुलिस से बहस हो गईल, जवना के बाद पुलिस के ओर से लाठीचार्ज कईल गईल। विवाद आलंदी के श्री क्षेत्र मंदिर में प्रवेश से शुरू भईल।

घटना के बारे में पुलिस सूत्र बतवले कि भारी संख्या में श्रद्धालु के काबू में राखे खातीर ओ लोग के हल्का लाठीचार्ज के सहारा लेवे के पड़ल। पुलिस के कहनाम बा कि, परंपरा के मुताबिक मात्र 75 सदस्य के परिसर में प्रवेश के अनुमति बा, लेकिन मंदिर में जबर्दस्ती घुसे के कोशिश करेवाला करीब 400 लोग के प्रशासन के ओर से रोकल गईल।

पुलिस कार्रवाई के लेके विपक्षी दल सरकार पs हमला कईले बाड़े। शिवसेना के वरिष्ठ सांसद संजय राउत ट्वीट क के कहले कि, “अरे ओह.. हिंदुत्व सरकार के पाखंड उजागर हो गईल बा.. मुखौटा उजागर हो गईल बा.. औरंगजेब के व्यवहार अलग रहे? महाराष्ट्र में मुगल के फेर से जन्म भईल बा।”

 

 

एनसीपी के छग्गन भुजबल ट्वीट कईले कि, वारकरी संप्रदाय, वारकारी भाई लोग के प्रति सरकार के कवनो जिम्मेदारी बा कि ना? उ लिखले कि श्री क्षेत्र आलंदी में पुलिस जवना तरह से वारकरी भाई लोग के लाठीचार्ज कईलस, उ बहुत निंदा करेवाला बा। वारकरी सम्प्रदाय के नींव रखे वाला महान संत ज्ञानेश्वर महाराज के सान्निध्य में वारकरी भाई लोग के ई अपमान निंदनीय बा।

साभार- इंडिया tv

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]