[the_ad_group id="30365"]

Mission Karmayogi: देस के पहिला राष्ट्रीय प्रशिक्षण सम्मेलन के उद्घाटन आज, पीएम करिहें कार्यक्रम के संबोधित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अतवार के सबेरे 10:30 बजे नई दिल्ली इस्थित प्रगति मैदान के अंतरराष्ट्रीय प्रदर्शनी आ सम्मेलन केंद्र में देस के पहिला राष्ट्रीय प्रशिक्षण सम्मेलन के उद्घाटन करिहें। एह दौरान ऊ कार्यक्रम के संबोधितो करिहें। पीएम नेशनल ट्रेनिंग कॉन्क्लेव के मकसद में सिविल सर्विस ट्रेनिंग इंस्टीट्यूट के बीच समनव्य के बेहतर कइल, ट्रेनिंग इन्फ्रास्ट्रक्चर के बेहतर इस्तेमाल कइल सामिल बा।

रउआ के बता दीं कि केंद्र सरकार राष्ट्रीय प्रशासनिक सेवा क्षमता निर्माण कार्यक्रम ‘मिशन कर्मयोगी’ के सुरुआत कइले बा, ताकि सही दृष्टिकोण, कौशल आ ज्ञान के संगे, भविष्य के जरूरतन के अनुरूप प्रशासनिक सेवा तइयार कइल जा सके। ई सम्मेलन एही दिशा में एगो आउर डेग बा।

सेवा प्रशिक्षण संस्थानन के बीच सहजोग के बढ़ावल मकसद

देस भर में प्रशासनिक सेवा प्रशिक्षण संस्थानन के बीच सहजोग के बढ़ावा देवे आ प्रशासनिक अधिकारियन खातिर प्रशिक्षण अवसंरचना के मजबूत करे के उद्देश्य से क्षमता निर्माण आयोग द्वारा राष्ट्रीय प्रशिक्षण सम्मेलन के आयोजन कइल जा रहल बा। सम्मेलन में केंद्रीय प्रशिक्षण संस्थानन, राज्य प्रशासनिक प्रशिक्षण संस्थानन आ अनुसंधान संस्थानन सहित प्रशिक्षण संस्थानन के 1500 से जादे प्रतिनिधि भाग लिहि लो। विचार-विमर्श में केंद्र सरकार के विभागन, राज्य सरकारन, स्थानीय सरकारन के प्रशासनिक अधिकारियन के संगे-संगे निजी क्षेत्र के विशेषज्ञ भाग लीहि लो। ई सभा विचारन के आदान-प्रदान के बढ़ावा दी, सामना कइल जा रहल चुनौतियन आ उपलब्ध अवसरन के पहचान करी आ क्षमता निर्माण के खातिर कार्रवाई जोग समाधान पेश करी आ व्यापक रणनीति तइयार करी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]