Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एटीएम चोरी के आरोपियन से पुलिस के मुठभेड़, चार लोग के लागल गोली, सात लोग गिरफ्तार

139

तमकुहीराज कस्बा में एसबीआई के एटीएम के गैस कटर से काट के 21 लाख 54 हजार रुपया चोरी करे के सात आरोपियन के पुलिस मुठभेड़ में गिरफ्तार कइलस। बियफे के भोर में करीब तीन बजे मतलू छापर के पास डीसीएम अउर स्कार्पियो से एटीएम कटले निकलल बदमाशन के सूचना पs पुलिस घेराबंदी कइलस।

एह दौरान बदमाश लोग फायर कs के भागे के कोशिश कइल, त जवाबी कार्रवाई में पुलिस के गोली लगले से चार बदमाश घायल हो गइलें। चारों के काबू करत में उनके तीन अन्य साथियन सहित सात लोग के पुलिस मौका से गिरफ्तार कs लिहलस। एहमें एक महिलो शामिल बाड़ी। घायल आरोपियन के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल। उनके लग से पुलिस तीन लाख रुपया नकदी, स्कार्पियो, डीसीएम वाहन, तमंचा, गैस कटर सहित अन्य सामान बरामद कइलस। मुठभेड़ के सूचना पs एसपी धवल जायसवाल मौका पर पहुंच के जानकारी लिहलस। एसपी कहनें कि बदमाशन के खिलाफ गैंगस्टर के कार्रवाई कइल जाई।

26 अक्तूबर के रात तमकुहीराज कस्बा के हरिहरपुर में लागल एसबीआई के एटीएम के गैस से काट के चोर सब 21 लाख 54 हजार रुपया चुरा लिहले रहनें सब। एह मामिला में अज्ञात के खिलाफ मुकदमा दर्ज कsके पुलिस छानबीन में जुटल रहल। बियफे के रात करीब दो बजे पुलिस के स्कार्पियो अउर डीसीएम सवार बदमाशन के बारे में मुखबिर सूचना दीहलस। बतवलस कि फाजिलनगर के तरफ बदमाश सक्रिय बानें। एह पर एसपी पांच थानेदारन, सर्विलांस सेल, साइबर सेल अउर स्वॉट प्रभारी के टीम बना के बदमाशन के तलाश करे के निर्देश दिहनें।

करीब तीन बजे हाईवे पर स्थित मतलुक छापर गांव के सोझे एक स्कार्पियो आवत दिखल, जेके पुलिस रोकले के कोशिश कइलस। एही दौरान स्कार्पियो सवार पुलिस पs फायर कs के वाहन से उतर के भागे लगनें। जवाबी कार्रवाई में चार बदमाश के पैर में गोली लागल। तब डीसीएम सवारो आ गइलें। पुलिस घेराबंदी कsके उनहू के पकड़ लिहलस। बदमाश से पूछताछ में मालूम भइल। ऊ यूपी, बिहार अउर बंगाल में घूम-घूम के एटीएम काटकर रुपया चोरावेने।

पुलिस के पूछताछ में बदमाशन के पहचान इकराम कुरैशी पुत्र हामिद कुरैशी निवासी कुरैशी मोहल्ला तकिया वाली मस्जिद के लग्गे सिंगार थाना बिछोर जनपद नूर मेवात हरियाणा (50,000 रुपया के इनामी), इजाजुल हक उर्फ जुल्ली उर्फ जुनैद पुत्र जफरुद्दीन हाल मुकाम कधाई थाना राजनगर जनपद मधुबनी बिहार मूल पता सुराली थाना पोहनाना जनपद नूह मेवात हरियाणा (25,000 रुपया के इनामी), खालिद अली पुत्र जलालुद्दीन निवासी आली थानी वहीन जनपद पलवल हरियाणा (25,000 रुपया के इनामी), इकबाल कुरैशी पुत्र इस्लाम कुरैशी निवासी कौसी थाना कौसी कला जनपद मधुरा (यूपी), शौकीन कुरैशी पुत्र तौफीक कुरैशी निवासी मोहल्ला काजीपाडा कस्बा थाना कामा जनपद भरतपुर, राजस्थान, मुस्तफा पुत्र अमीन निवासी कामा थाना कामा जनपद भरतपुर, राजस्थान व एक महिला दिलीमा उर्फ श्रेष्ठ पत्नी इजाजुलहक साकिन सिरौली थाना पुनहना जनपद नूह मेवात हरियाणा के रूप में हुई। इकराम के खिलाफ 34, खालिद के खिलाफ छह, इजाजुल उर्फ जुनैद उर्फ जूल्ली पर सात, इकबाल कुरैशी पुत्र इस्लाम पर चार, इकबाल कुरैशी पर चार अउर शौकीन के खिलाफ विभिन्न धारा में चार मुकदमा दर्ज बा।

एटीएम चोरी में शामिल महिला सहित गैंग के सात सदस्यन के गिरफ्तार कइल गइल बा। पुलिस मुठभेड़ के दौरान चार बदमाश घाही भइल बानें। जिनके जिला अस्पताल में उपचार खातिर भर्ती करावल गइल। उनके लग से तमकुहीराज कस्बे के एटीएम से चोरी के तीन लाख रुपया नकदी सहित अन्य सामान बरामद भइल बा। अंतर प्रांतीय गैंग के बदमाशनके खिलाफ गैंगस्टर के कार्रवाई कइल जाई।
धवल जायसवाल, एसपी कुशीनगर

398210cookie-checkएटीएम चोरी के आरोपियन से पुलिस के मुठभेड़, चार लोग के लागल गोली, सात लोग गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.