[the_ad_group id="30365"]

एनआईए कइलस आतंकी हरप्रीत सिंह के गिरफ्तार, लुधियाना कोर्ट ब्लास्ट में रहल आरोपी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय जांच एजेंसी (एनआईए) 1 दिसंबर के फरार आतंकवादी हरप्रीत सिंह के मलेशिया के कुआलालंपुर से अइले पर गिरफ्तार कइले बा। एनआईए कहलस कि पाकिस्तान स्थित इंटरनेशनल सिख यूथ फेडरेशन (ISYF) के स्वयंभू प्रमुख हरप्रीत, लखबीर सिंह रोडे के सहयोगी रहल अउर दिसंबर 2021 लुधियाना कोर्ट बिल्डिंग ब्लास्ट के साजिशकर्ता लोग में से एक रहल। विस्फोट में एक आदमी के मौत अउर कई लोग घायल हो गइल रहनें।

आईईडी के डिलीवरी के बेवस्था कइले रहे

एनआईए के मुताबिक, रोड के निर्देश पर काम करत हरप्रीत विशेष रूप से निर्मित आईईडी के डिलीवरी के बेवस्था कइलें, जेके पाकिस्तान से उनके भारत स्थित सहयोगियन के भेजल गइल रहे। एकर उपयोग लुधियाना कोर्ट कॉम्प्लेक्स विस्फोट में कइल गइल रहे।

एनआईए हरप्रीत सिंह पर 10 लाख रुपया के इनाम घोषित कइले रहे। उनके खिलाफ विशेष एनआईए अदालत से गैर-जमानती वारंट जारी कइल गइल रहे अउर एक लुक आउट सर्कुलरो निकालल गइल रहे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]