[the_ad_group id="30365"]

पुलिस ढहवलस हत्या के आरोपी BJP नेता के होटल, 60 डायनामाइट से कुछुए सेकेंड में चार मंजिला इमारत माटी में मिलल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश के सागर में जिला अउर पुलिस प्रशासन एगो हत्या के आरोपी भाजपा नेता पर बड़ कार्रवाई कइले बानीं। जिला प्रशासन अवैध रुप से बनावल गइल चार मंजिला होटल के डायनामाइट लगा के चंद सेकंड में जमींदोज कर दिहलस। आरोपी मिश्रीचंद गुप्ता पर एगो चुनावी रंजिश में एगो युवक के कार से कचर के हत्या करे के आरोप बा।

आरोपी नेता के चार मंजिला होटल में 60 डाइनामाइट लगावल गइल। फिर मंगर के साँझ ब्लास्ट क के एके चंद सेकेंड में ढहा दिहल गइल। कार्रवाई के दौरान सागर जिला कलेक्टर दीपक आर्या, डीआईजी तरुण नायक अउर दूसर पुलिस अधिकारी मौजूद रहनें।

आरोपी मिश्रीचंद गुप्ता अउर उसके परिवार के होटल जयराम पैलेस मकरोनिया चौराहा के लग्गे बा। चार मंजिला होटल के निर्माण अवैध बतावल गइल। एकरे बाद पुलिस अउर प्रशासन के टीम मंगर के होटल तूड़ के कार्रवाई करे के पहुंचनें। सुरक्षा के दृष्टि से बैरिकेड लगा के ट्रैफिक के रोक दिहल गइल। होटल के आसपास रहे वाला लोग के घर खाली करवावल गइल। एह दौरान पुलिस बल भी तैनात रहल।

निर्दलीय पार्षद के भतीजा के जीप से कचरले रहे

2 दिसंबर के रात मकरोनिया चौराहा जगदीश यादव उर्फ जग्गू के जीप से कचर के हत्या कs दीहल गइल रहे। जगदीश (30) मकरोनिया थाना क्षेत्र के कोरेगांव के रहे वाला रहनें। ऊ मकरोनिया चौराहा पर पवन यादव के डेयरी पs काम करत रहनें। ऊ निर्दलीय पार्षद किरण यादव के भतीजा रहल। किरण यादव मिश्रीचंद गुप्ता के पत्नी मीना के पार्षद चुनाव में 83 वोट से हरवले रहे।

मिश्रीचंद गुप्ता फरार

आरोप बा कि चुनावी रंजिश में उनकर हत्या कs दीहल गइल। हत्या के मामिला में आठ लोग पर केस दर्ज कइल गइल रहे, जेमें से पांच लोग गिरफ्तार हो चुकल बानें। हालांकि, मिश्रीचंद गुप्ता अभिनो फरार बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]