[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में ठंड के प्रकोप जारी, 12वीं तक के स्कूल के सात जनवरी ले बंद रखले के आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में भीषण ठंड अउर शीतलहर के प्रकोप जारी बा। 29 दिसम्बर के बाद आजु ले निम्मन से घाम नाइ भइल। सर्दी से आम जनमानस के हाड़ कांप रहल बा। एही में रह रह के सर्द बेयार भी चल रहल बा। कब्बो कब्बो झिसी भी देखे के मिल रहल बा।

एह भीषण सर्दी के देखत डीए कृष्णा करुणेश स्कूल कॉलेज से सम्बंधित बड़ फैसला लिहले बाने। सात जनवरी ले कक्षा एक से ले के बारहवीं तक के जिला के सब स्कूलन के बंद रखले के निर्णय लिहले बा।

पहिले डीएम के ओर से शीतलहर के देखत तीन जनवरी ले कक्षा आठवीं तक के विद्यालय बंद रखले के निर्देश दिहले रहनें। सोमार के एके बढ़ा के कक्षा 12वीं तक करत सात जनवरी ले बढ़ा दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]