[the_ad_group id="30365"]

पश्चिम बंगाल के राज्यपाल सीवी आनंद बोस के मिलल जेड प्लस सिक्योरिटी, ई बा बड़ वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय गृह मंत्रालय खुफिया एजेंसियन के ओर से दिहल गइल खतरन के आशंका के मद्देनजर पश्चिम बंगाल के राज्यपाल सीवी आनंद बोस के ‘जेड प्लस’ श्रेणी सुरक्षा कवर दिहल गइल बा। सीवी आनंद बोस के देसभर में केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल के कमांडो सुरक्षा मुहैया कराई लोग।

पश्चिम बंगाल के नया राज्यपाल के रूप में शपथ 

सेवानिवृत्त सिविल सेवक सीवी आनंद बोस बीतल साल 23 नवंबर के पश्चिम बंगाल के नया राज्यपाल के रूप में शपथ लेले रहस। सूत्रन के मोताबिक, राज्यपाल बने से पहिले सीवी आनंद बोस पश्चिम बंगाल में चुनाव बाद हिंसा जांच समिति के सदस्य रहस। सीवी आनंद बोस पूर्व भारतीय प्रशासनिक सेवा (आईएएस) अधिकारी हवे। सीवी आनंद बोस शिक्षा, वन और पर्यावरण, श्रम और सामान्य प्रशासन जइसन अलग-अलग मंत्रालयन में जिला कलेक्टर, प्रधान सचिव आ अतिरिक्त मुख्य सचिव के रूप में काम कइलें बाड़े।

देश में पांच कैटेगरी में मिलेला सुरक्षा

बता दीं कि खतरन के आकलन करे के बाद सुरक्षा श्रेणी के पांच समूहन में विभाजित कइल जाला। एमे X, Y, Z, Z+, SPG आ आउर सुरक्षा होला। अइसन सुरक्षा VIPs आ VVIPs, एथलीटन, मनोरंजन करे वाला लोगन आउर हाई-प्रोफाइल भा राजनीतिक हस्तियन खातिर होला।

सुरक्षा कवच के उच्चतम श्रेणी

जेड प्लस केंद्रीय सुरक्षा कवच के उच्चतम श्रेणी हs। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, Z+ कैटेगरी के सिक्योरिटी में टोटल 58 जवानन के तैनाती होला। एमे 10 आर्म्ड स्टैटिक गॉर्ड, 6 PSO एक समय मे राउंड द क्लॉक, 24 जवान 2 एस्कॉर्ट में राउंड द क्लॉक, 5 वॉचर्स दो शिफ्ट में रहेला लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]