[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर में ऊंट पकड़ के फंस गइल पुलिस, अब कहां से आई चारा-पानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान से बिहार होत बांग्लादेश ले जा रहल ऊंटन के मुक्त करावल पुलिस के भारी पड़ रहल बा। थाना परिसर में ऊंट के रख के पुलिस उनकर देखभाल कs रहल बा। एहमें तीन ऊंट के मौत हो चुकल बा। अन्य के सुरक्षा खातिर पुलिस के चिंता बढ़त जा रहल बा। ऊंटन के निवाला में हलकान पुलिसकर्मी उनकीर परवरिश खातिर ट्रस्ट आ एनजीओ के तलाश में जुटल बा।

पटहेरवा के एसएचओ अखिलेश सिंह बतवलें कि ऊंटन के क्रूरता पूर्वक ट्रक में लादल गइल रहल, जेसे ऊ घायल हो गइल रहनें। एह वजह से उनकर मौत भइल बा। अन्य ऊंटन के देखभाल के समुचित प्रबंध कइल गइल बा। फोरलेन से गोपालगंज होत पशुअन के तस्करी पश्चिम बंगाल अउरी बांग्लादेश ले हो रहल बा। एकरे रोकथाम खातिर एसपी धवल जायसवाल नियमित जांच अभियान चलावे के निर्देश दिहले बानें।

12 सितंबर के चेकिंग के दौरान हाईवे पर राजस्थान के जैसलमेर से बिहार होत बांग्लादेश ले जाइल जा रहल 13 ऊंटन के पटहेरवा पुलिस मुक्त करवले रहल। पुलिस के कहनाम बा कि ऊंटन के जब ट्रक से उतारल गइल त ओमें से अधिकांश घायल रहनें। ट्रक में उनके बर्बरता पूर्वक बान्हल गइल रहे। पुलिस ऊंटन के थाना परिसर में छोड़ के उनके खातिर भोजन के इंतजाम कइल गइल बा। एह दौरान तीन ऊंट के मौत हो गइल। इनके दफना दिहल गइल। 10 ऊंट पुलिस थाना में बानें।

थानाध्यक्ष अखिलेश सिंह बतबलें कि ऊंटन के भोजन के व्यवस्था नियमित कइल जा रहल बा। ऊंटन के कौनो ट्रस्ट चाहे स्वयं सेवी संस्था के सौंपे के संबंध में बातचीत चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]