[the_ad_group id="30365"]

समरकंद में शर्मिंदा भइलें पाकिस्तान के प्रधानमंत्री शहनवाज शरीफ: कुछ अइसन भइल पुतिनो नाइ रोक पवलें आपन हँसी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्व पीएम इमरान खान के हरकत से पाकिस्तान के कई बेर शर्मिंदा होखे के पड़ल रहे, लेकिन मौजूदा पीएम शहबाज शरीफ भी काल्ह उज्बेकिस्तान में अपने देश के किरकिरी करा देहलें। शरीफ एससीओ शिखर बैठक के बीच रूस के राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन से मुलाकात कइलें। एह दौरान दूनों हेडफोन लगा के बात करत रहनें लोग, तब्बे अचानक शहबाज शरीफ के ईयर फोन निकल के गिर गइल। ऊ हड़बड़ी में ओके लगावे लगलें त पुतिनो आपन हंसी नाइ रोक पवलें।

समरकंद में शंघाई सहयोग संगठन एससीओ के 22वां शिखर सम्मेलन चल रहल बा। एही मौका पर पीएम शरीफ अउरी रूसी राष्ट्रपति पुतिन बियफ़े के मुलाकात कइलें रहनें। बातचीत के शुरुआत में पाकिस्तान के प्रधानमंत्री एगो अधिकारी के मदद से आपन हेडफोन लगववलें, एह दौरान पुतिन चर्चा शुरू करे खातिर अगोरत रहलें, लेकिन बातचीत शुरू होइतही उनके ईयर फोन कान से निकल के गिर गइल। एसे शरीफ हड़बड़ा गइलें। उ फिर ईयर फोन लगावे के कोशिश कइलें, ई देख रूसी राष्ट्रपति हंसी रोक नाइ रोक पवलें अउरी ई वीडियो में दर्ज हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]