[the_ad_group id="30365"]

पॉइंट्स टेबल में नंबर-1 पर पहुंचल गुजरात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IPL 2022 के 24वें मैच में गुजरात टाइटन्स राजस्थान रॉयल्स के 37 रन से हरा देहलस। RR के सामने मैच जीते खातिर 193 के टारगेट रहल, लेकिन टीम 9 विकेट खो के 155 रन बना पवलस अउर मुकाबला हार गइल। जोस बटलर सबसे ज्यादा 54 रन बनवने। गुजरात खातिर लॉकी फर्ग्यूसन अउर यश दयाल 3-3 विकेट चटकवने।

गुजरात के 5 मैच में ई चौथा जीत रहल। एह जीत के संगही GT 8 पॉइंट्स के संगे पहिला पायदान पर पहुंच गइल बा। उहवें, राजस्थान रॉयल्स के 5 मैच में ई दूसरा हार बा।

एसे पहिले गुजरात 20 ओवर में 4 विकेट पर 192 रन के स्कोर बनवले रहल। कप्तान हार्दिक पंड्या नाबाद 87 रन के पारी खेलल अउर टॉप स्कोर रहल। RR की ओर से रियान पराग, युजवेंद्र चहल अउर कुलदीप सेन 1-1 विकेट लेहने।

मुकाबला में हार्दिक पंड्या कमाल के खेल दिखवने अउर प्लेयर ऑफ द मैच रहल। पहिले ऊ बल्ला से नाबाद 87 रन के पारी खेलले, ओकरे बाद 1 विकेट चटकवने। हार्दिक अपने शानदार फील्डिंग से RR के कप्तान संजू सैमसन के रन आउट कइने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]