[the_ad_group id="30365"]

IPL 2022 MI VS LSG : लखनऊ अउर मुंबई के बीच टक्कर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडियन प्रीमियर लीग के 15वें सीजन के 26वें मुकाबले में अब से कुछ देर बाद मुंबई इंडियंस के सामना लखनऊ सुपर जायंट्स से होखे के बा। शनिवार के होखे वाले डबल हेडर के पहिले मैच में मुंबई पर सबके नजर रही। अब ले 5 मैच खेलले के बाद पहिला जीत के तरस रहल टीम के आज खाता खुली कि नाइ सवाल ई बा।

लखनऊ के टीम बेहद दमदार नजर आ रहल बा अउर अब ले काफी अच्छा खेल देखवले बा। 5 मैच खेलले के बाद टीम तीन में जीत दर्ज कइले बा। गुजरात के खिलाफ टीम के पिछले मैच में हार मिलल लेकिन एसे पहिले लगातार तीन मुकाबला में जीत हासिल कइले रहल। मुंबई अउर लखनऊ के बीच होखे वाले एह मुकाबला में नजर दूनों कप्तान पर रही। रोहित शर्मा अउर केएल राहुल बल्लेबाजी से मैच बदलले के हुनर रखत बाने।

मुंबई के संभावित प्लेइंग इलेवन-

इशान किशन (विकेटकीपर), रोहित शर्मा (कप्तान), डेवाल्ड ब्रेविस, तिलक वर्मा, सूर्यकुमार यादव, कीरोन पोलार्ड, मुरुगन अश्विन, जसप्रीत बुमराह, जयदेव उनादकट , टायमल मिल्स।

लखनऊ टीम के संभावित प्लेइंग इलेवन-

केएल राहुल (कप्तान), क्विंटन डी काक (विकेटकीपर), दीपक हुड्डा, मार्कस स्टोइनिस, आयुष बदोनी, जेसन होल्डर, क्रुणाल पांड्या, के गौतम, दुष्मंथा चमीरा, रवि बिश्नोई, अवेश खान।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]