Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एक्सपो मार्ट में विश्व डेयरी शिखर सम्मेलन के उद्घाटन में सम्बोधित क रहल बानें मोदी

151

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी इंडियन एक्सपो मार्ट में विश्व डेयरी शिखर सम्मेलन के उद्घाटन कइलें। एह दौरान पीएम मोदी कहलें कि विश्व के अन्य विकसित देशन से अलगे, भारत में डेयरी सेक्टर के असली ताकत छोट किसान हवें।

डेयरी सेक्टर से जुड़ल हर जानवरन के टैगिंग हो रहल बा: पीएम

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलें कि भारत, डेयरी पशुअन के सबसे बड़ा डेटाबेस तैयार कs रहल बा। डेयरी सेक्टर से जुड़ल हर पशु के टैगिंग हो रहल बा। आधुनिक टेक्नोल़ॉजी के मदद से हम पशुअन के बायोमीट्रिक पहचान कर रहल बानीं जा। हमनी के एके नाम दिहल गइल बा- पशु आधार।

2014 में भारत में 146 मिलियन टन दूध के उत्पादन होत रहल : पीएम

पीएम मोदी कहलें कि 2014 के बाद से हमनीके सरकार भारत के डेयरी सेक्टर के सामर्थ्य बढ़ावे खातिर निरंतर काम कइले बानें। आजु एकर परिणाम दूध उत्पादन से ले के किसानन के बढ़ल आय में भी नजर आ रहल बा। 2014 में भारत में 146 मिलियन टन दूध के उत्पादन होत रहे। अब ई बढ़ के 210 मिलियन टन तक पहुंच गइल बा। यानि करीब-करीब 44 प्रतिशत के बढ़ोत्तरी भइल बा।

डेयरी सेक्टर के असली कर्णधार महिला लोग: पीएम

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलें कि भारत के डेयरी सेक्टर में महिला शक्ति 70 फीसदी कार्यबल के प्रतिनिधित्व करेली। भारत के डेयरी सेक्टर के असली कर्णधार महिला लोग बाड़ी। एतने नाइ, भारत के डेयरी कॉपरेटिव्स में भी एक तिहाई से ज्यादा सदस्य महिला लोग ही बाड़ी।

एह पूरी प्रकिया में बीच के कौनो मिडिल मैन नाइ होलें: पीएम

पीएम मोदी कहलें कि एह पूरा प्रकिया में बीच में केहू मिडिल मैन नाइ होला, अउरी ग्राहकन से जौन पइसा मिलsला, एकर 70 प्रतिशत से ज्यादा किसानन के थइली में जाला। पूरा विश्व में एतना ढ़ेर अनुपात कौनो अउरी देश में नाइ बा।

327260cookie-checkएक्सपो मार्ट में विश्व डेयरी शिखर सम्मेलन के उद्घाटन में सम्बोधित क रहल बानें मोदी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.