[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में बोलले ऊर्जा विभाग के राज्यमंत्री: सौर ऊर्जा उत्पादन के केंद्र बनी गोरखपुर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के गृह जनपद सौर ऊर्जा उत्पादन के केंद्र बनी। एकर डिटेल प्रोेजेक्ट रिपोर्ट (डीपीआर) बन गइल बा।  3200 मेगावाट सौर ऊर्जा उत्पादन के लक्ष्य बा। ई कहनाम बा यूपी सरकार के ऊर्जा एवं वैकल्पिक ऊर्जा विभाग के राज्यमंत्री डॉ. सोमेंद्र तोमर के। ऊ मंगर के सर्किट हाउस में पत्रकारन से बात करत रहलें।
राज्यमंत्री कहलें कि गोरखपुर जोन सौर ऊर्जा केंद्र से जुड़ल ब्योरा उपलब्ध करा दिहले बा। अक्तूबर में ही स्वीकृति मिलले के उम्मीद बा। गलत बिजली बिल देहले के मामला पर राज्यमंत्री नाराजगी भी जतवलें अउरी कहलें कि उपभोक्ता लोग के के हित अउरी बिलिंग व्यवस्था से खिलवाड़ कौनो कीमत पर बर्दाश्त नाइ कइल जाई। बेर-बेर गलती करे वाली बिलिंग एजेंसियन के काली सूची में डारल जाई।

राज्यमंत्री कहलें कि बिजली चोरी कौनो भी हाल में बर्दाश्त नाइ बा। अभियंता अउरी विजिलेंस के टीम लगातार अभियान चलावे। पुलिस के तरह सतत निगरानी करे। बांस के बल्ली के सहारे बिजली आपूर्ति से जुड़ल सवाल पर उ कहलें कि योजना शुरू करत समय जौन अनुबंध के शर्तें रहल, ओही अनुसार काम होखे के चाहीं। एसे अलग काम भइल बा त जांच करा के कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]