[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी कइलें विश्व डेयरी सम्मेलन के शुभारंभ, एग्जीबिशन भी देखले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु इंडियन एक्सपो मार्ट में विश्व डेयरी शिखर सम्मेलन के उद्घाटन कइलें। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अतवार के सम्मेलन के तैयारी के जायजा लेके अधिकारियन के दिशा-निर्देश दिहलें। योगी नोएडा एयरपोर्ट के निर्माण कार्य के भी निरीक्षण कइलें। भारत दुसरका बेर विश्व डेयरी शिखर सम्मेलन के मेजबानी कs रहल बा।

1974 में भी देश विश्व डेयरी कांग्रेस के मेजबानी कइले रहे, तब डेयरी में आत्मनिर्भरता के लक्ष्य तय कइलें रहलें। देश एहमें उल्लेखनीय उपलब्धि हासिल कइलस। एह सम्मेलन में पोषण अउरी आजीविका खातिर डेयरी विषय पर चर्चा होई। एहमें 50 देश के करीब 1433 प्रतिनिधि हिस्सा लीहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]