[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी पश्चिम बंगाल के दउरा करिहें, 1 आ 2 मार्च के जइहें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के पश्चिम बंगाल यात्रा के फैसला हो गइल बा। जानकारी के मुताबिक उ 1 अवुरी 2 मार्च के बंगाल के दौरा करीहे। जानकारी के मुताबिक प्रधानमंत्री 1 अवुरी 2 मार्च के आराम बाग अवुरी कृष्णनगर के दौरा करीहे। ई पश्चिम बंगाल के नदिया जिला में बा। प्रधानमंत्री 6 मार्च के बारासात के दौरा करीहे। बता दीं कि पश्चिम बंगाल के संदेशखाली घटना के बाद पीएम मोदी के बंगाल यात्रा के लेके अटकलबाजी होखत रहे।

लेकिन अब खबर से साफ हो गईल बा कि प्रधानमंत्री के पश्चिम बंगाल के इs यात्रा एक तरह से लोकसभा चुनाव के संकेत होई। मानल जात बा कि प्रधानमंत्री मोदी एक बेर फेरू पार्टी के अभियान शुरू करीहें कि भाजपा के बंगाल में अधिका से अधिका लोकसभा सीट मिल जाव।

आज प्रधानमंत्री नरेंद्र अपना लोकसभा क्षेत्र वाराणसी के दउरा पs बाड़े जहां उs बहुत कार्यक्रम में भाग ले रहल बाड़े। अपना वाराणसी यात्रा के दौरान उs करीब 13 हजार करोड़ रुपिया के विकास परियोजना के उद्घाटन करतारे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]