[the_ad_group id="30365"]

Bihar Politics: बिहार में फेर ‘खेला’ करिहें मांझी? नीतीश कुमार के बता देले विधायकन के गिनती, आपन डिमांडो राख देले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Politics:नीतीश कुमार के नया सरकार के एको महीना नइखे भइल कि उनकर सहयोगी जीतन राम मांझी एहसान गिनावल शुरू कर देले बाड़े। नीतीश कुमार के मांझी के बयान जरूर चुभी। मांझी कहले कि नीतीश कुमार कहेलन कि उऽ हमरा के सीएम बनवले तऽ हमहु अब उनकर एहसान उतार देले बानी। मांझी इहो बतवले कि उनका लगे सीएम बने के ऑफर रहें।

पूर्व मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी कहले कि जदि हमार पार्टी विधानसभा में समर्थन ना करितऽ तऽ नीतीश सरकार एगो वोट से गिर जाइत। हमरे चार गो विधायक मिल के सरकार बचवले।

पटना: बापू सभागार में आयोजित हिंदुस्तानी अवाम मोर्चा (हम) के पंचायत स्तरीय कार्यकर्ता सम्मेलन में मांझी तेजस्वी के चर्चा करत कहले हऽ कि दूसरका गठबंधन के लोग मुख्यमंत्री पद के प्रलोभन देतऽ रहें। उऽ लोग कहत रहे कि रऊआ हमरा साथ आ जाई, ओने के दस विधायक लो रऊआ साथे आ जाईं, बाकिर हम चट्टान खानी सरकार के साथे खड़ा रहनीं। विधानसभा में वोटिंग के बेरा 125 वोट सरकार के मिलल, एमे हमार चार वोट जदि हटा दिआइत तऽ 121 गो हो पाइत।

सरकार एगो वोट से गिर जाइत...’

उऽ कहले कि सरकार एगो वोट से गिर जाइत, जइसे रामविलास पासवान के चलते केंद्र के अटल बिहारी वाजपेयी के सरकार गिर गइल रहें। हम चार हो विधायकन के साथे रहनीं तऽ दस गो आउर विधायको साथे आ जाईं आ आंकड़ा 130 के लगे पहुंच जाई।

नीतीश जी जिद्दी मत बनि…’

शराब नीति के गलत बतावत नीतीश कुमार से एपर पुनर्विचार करे के मांग फेर दोहरवले। मांझी कहले कि नीतीश जी जिद्दी मत बनि, शराबनीति के समीक्षा करी। जदि शराबबंदी लागू करऽहीं के बा तऽ गुजरात जइसन करी, ताकि परमिट के जरिए लोगन के शराबो मिले आ सरकार के आमदनीयो बढ़े।

शराबबंदी के रफा-दफा कर देब 

उऽ पार्टी के लोग से कहले कि रऊआ सभे हमरा के 40 ना तऽ 20 सीट जीता दी, शराबबंदी के रफा-दफा कर देब। मांझी कहले कि नीतीश कुमार के साथे दू से तीन गो कैकयी बा लो, उऽ ल उनका के बरगलावत रहेला। उऽ कहेलें कुछ बाकिर होला कुछ।

पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष कुमार सुमन कार्यकर्ता लो से कहले कि उऽ गरीब गुरबन के आवाज बनिहें आ नरेंद्र मोदी के फेर से पीएम बनावे खातिर सब सीट एनडीए के जितावे में जुट जाईं। मौका पऽ प्रदेश अध्यक्ष डा. अनिल कुमार, विधायक प्रफुल्ल मांझी, ज्योति देवी आदि मौजू रहें। संचालन राजेश पांडेय जबकि धन्यवाद ज्ञापन श्याम सुन्दर शरण कइले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]