Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महाराष्ट्र के पूर्व मुख्यमंत्री के दिल के दौरा परsला से भइलs देहांत , शिक्षक से मुख्यमंत्री आ फेर बनले लोकसभा स्पीकर ,जानी मनोहर जोशी के राजनीतिक सफर

511

Manohar Joshi Demise महाराष्ट्र के पूर्व सीएम मनोहर जोशी के आज दिल के दउरा पड़ला से निधन हो गइल। शुरुआती जीवन में जोशी आरएसएस से जुड़लऽ रहले फेर शिवसेना के 1966 में स्थापना के बाद उऽ ओकरा से जुड़ गइले। मनोहर जोशी शिवसेना संस्थापक बाल ठाकरे के काफी करीबी रहले। उऽ टीचर से लोकसभा स्पीकर बने तक के सफर तय कइले रहले आइ जाने के उनला बारे में…

महाराष्ट्र के पूर्व सीएम आ शिवसेना के दिग्गज नेता मनोहर जोशी के आज देहांतऽ हो गइलऽ बा। जोशी के बीतलऽ दिने दिल के दौरा पड़ला के बाद हिंदुजा अस्पताल में भर्ती करावल गइलऽ रहे, जहांवा उऽ अंतिम सांस लेले।

 

पूर्व सीएम के पिछले सालो ब्रेन हैमरेज के बाद अस्पताल में भर्ती करावल गइलऽ रहे। जोशी के पार्थिव शरीर के उनका निवास स्थान पs दुपहरिया के दु बजे ले आखिरी दर्शन खातिर रखलऽ जाई। एकरे बाद उनकर अंतिम संस्कार कइलऽ जाई।

 

अंतिम संस्कार दादर श्मशान भूमि में होई। 

मनोहर जोशी शिवसेना संस्थापक बाल ठाकरे के काफी करीबी रहले । उऽ टीचर से लोकसभा स्पीकर बने तक के सफर तय कइले रहले ,आइ जाने के उनना बारे में…

 

टीचर से सीएम बने के सफर

मनोहर जोशी एगो टीचर रहले। शुरुआती जीवन में जोशी आरएसएस से जुड़ल रहे, फिर शिवसेना के 1966 में स्थापना के बाद उऽ ओकरा से जुड़ गइले आ उऽ ओह पार्टी से सीएम से लेके लोकसभा स्पीकर तक बनले। बरिस 1976 से 1977 तक ले जोशी मुंबई के मेयर भी रहले। एकरे बाद साल 1995 के बातs हs, जब महाराष्ट्र में शिवसेना आ भाजपा के गठबंधन सरकार बनल आ तब उनका सीएम बनावल गइलऽ।

 

जोशी 1999 तक 4 साल खातिर सीएम बनलऽ रहे।

बालासाहेब ठाकरे के रहेले सबसे भरोसामंद

मनोहर जोशी बालासाहेब ठाकरे के सबसे भरोसेमंद नेता रहले। बालासाहेब ठाकरे कहले रहन कि उऽ सीएम ना बनिहे, इहे कारण रहे कि उनका अपना सबसे करीबी मनोहर जोशी के सीएम बनवले।

लोकसभा स्पीकरो रहलऽ बाड़े मनोहर जोशी

सीएम बने के बाद जोशी के साल 2002 में केंद्र में अटल बिहारी वाजपेयी के सरकार के दउऽरान लोकसभा स्पीकरो बनावल गइलऽ रहे। ओह समय शिवसेना आ भाजपा में गठबंधन रहे। जोशी साल 2004 तक ले लोकसभा स्पीकर के पद संभाले रहन।

 

 

 

747050cookie-checkमहाराष्ट्र के पूर्व मुख्यमंत्री के दिल के दौरा परsला से भइलs देहांत , शिक्षक से मुख्यमंत्री आ फेर बनले लोकसभा स्पीकर ,जानी मनोहर जोशी के राजनीतिक सफर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.