[the_ad_group id="30365"]

PM Modi in Gujarat: बनास डेयरी बनवलस किसानन के सशक्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीएम नरेन्द्र मोदी के गुजरात दौरा के आज दूसरका दिन ह। मंगलवार बिहाने बनासकांठा पहुंच के पीएम मोदी कई योजना के सौगात देहने। मोदी बनासकांठा के दियोदर में डेयरी परिसर, आलू प्रोसिसंग यूनिट अउर चीज़ अउर व्हे प्लांट के अलावा कई परियोजना के उद्घाटन कइलें। उद्घाटन समारोह के बाद ऊ वहां मौजूद लोग के संबोधित भी कइलें। पीएम मोदी कहने कि शायद जीवन में पहिला बेर अवसर आइल होई कि एक संगे डेढ़, दू लाख माता बहन आज हमके इहवाँ आशीर्वाद दे रहल बाने लोग। हम सब के आशीर्वाद दे रहल बाने।

मोदी आगे कहने कि बनास डेयरी संकुल, Cheese अउर Whey प्लांट, ई सब त डेयरी सेक्टर के विस्तार में अहम बटले बा, बनास डेयरी इहो सिद्ध कइल बा कि स्थानीय किसानन के आय बढ़वले खातिर दूसर संसाधन के उपयोग कइल जा सकत बा। बनास डेयरी में विकास पहल किसानन के सशक्त बनाई अउर ग्रामीण अर्थव्यवस्था के बढ़ावा देई। हम इहवाँ अनुभव कs सकत बानी कि कइसे सहकारी आंदोलन आत्मानिर्भर भारत अभियान के ताकत दे सकत बा।

बनासकांठा में बनल नया डेयरी काम्प्लेक्स अउर आलू प्रोसेसिंग प्लांट

बता देई कि नया डेयरी काम्प्लेक्स अउर आलू प्रसंस्करण संयंत्र 600 करोड़ रुपया से अधिक के लागत से बनावल गइल बा। नया डेयरी काम्प्लेक्स एक ग्रीनफील्ड प्रोजेक्ट बा। एह डेयरी काम्प्लेक्स में रोजाना 30 लाख लीटर दूध के प्रोसेस कइल जा सकी। एकरे अलावा इहवाँ 80 टन मक्खन, एक लाख लीटर आएहक्रीम, 20 टन खोया अउर 6 टन चाकलेट का उत्पादन होई। आलू प्रसंस्करण संयंत्र विभिन्न प्रकार के प्रसंस्कृत आलू उत्पादों का उत्पादन करी, जेसे फ्रेंच फ्राइज, आलू के चिप्स अउर आलू टिक्की, दूसर चीज के साथ पैटीज, एकर कई दूसर देश में निर्यात कइल जाई।

डब्ल्यूएचओ ग्लोबल सेंटर फार ट्रेडिशनल मेडिसिन के करिहें शिलान्यास

दोपहर करीब साढ़े तीन बजे पीएम मोदी जामनगर में डब्ल्यूएचओ ग्लोबल सेंटर फार ट्रेडिशनल मेडिसिन (जीसीटीएम) के शिलान्यास करिहें। एह दौरान मारीशस के प्रधानमंत्री प्रविंद कुमार अउर विश्व स्वास्थ्य संगठन (डब्ल्यूएचओ) के प्रमुख ट्रेडोस अढानम घेब्रेयेसस भी मौजूद रहिहें। जीसीटीएम दुनिया भर में पारंपरिक चिकित्सा खातिर पहिला अउर एकमात्र वैश्विक केंद्र होई। ई ग्लोबल वेलनेस के अंतरराष्ट्रीय केंद्र के रूप में उभरी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]