Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बेटवा के याद में लइकन के दीहें निःशुल्क शिक्षा

गोपालपुर के प्रवीण सिंह खोललें नर्सरी से पांचवीं ले फ्री शिक्षा विद्यालय

159

गोला नगर पंचायत गोला के गोपालपुर के स्थानीय समाजसेवी प्रवीन सिंह अपने स्वर्गीय पुत्र के स्मृति में चंद्राश फाउंडेशन के बैनर तले असहाय अउर निर्धन लइकन के निःशुल्क शिक्षा देहले के निर्णय लेहले बाने। जेकर शुरूआत सोमवार से 30 लइकन के चयन करत कइल गइल।

संस्था के गोपालपुर के प्रभारी प्रवीन सिंह कार्यक्रम के उद्घाटन करत बतवने कि शिक्षित समाज राष्ट्र के निर्माता होला। अउर शिक्षा लइकन के मूल अधिकार होला। अइसे त हर माई बाप अपने लइकन के पढ़ावल चाहेने, लेकिन कई बेर गरीबी के अभाव में लइके आगे नाइ बढ़ पावेने। अइसे में हम समाजसेवी लोग के पहिला कर्तव्य होला कि गरीब लइकन के शिक्षित बनवले में सहयोग करें। ऊ बतवने कि हमरे आठ बरिस के बेटा के मौत एगो बिमारी की वजह से हो गइल रहे। तब ऊ कक्षा दू के विद्यार्थी रहने ।लेकिन काफी होनहार अउर टैलेंटेड रहने। ओनकर मौत हमके काफी विचलित कs देहलस। लेकिन हम ई विचार कइलें बानी कि दूसर कौनो बच्चा जौन पूरी तरह से स्वस्थ बा, ऊ अपने शिक्षा के अधिकार से वंचित न रहे।

एहीलिए एह संस्था के अंतर्गत लइकन के चयन क के उनके शिक्षित कइले के निर्णय लेहले बानी। शुरूआती चरण में तीस लइकन के चयन कइल गइल बा। ओ सभन के ड्रेस अउर अध्यन सामाग्री के वितरण कइल गइल बा। कार्यक्रम के अध्यक्षता अउर संचालन प्रवीन सिंह कइलें। एह अवसर पर संस्था के संस्थापक पंकज गुप्ता, रजत वर्मा, राज सोनकर, समीर अहमद, आकश श्रीवास्तव, सीताराम मद्धेशिया, धर्मेंद्र सिंह, जीतेंद्र गुप्ता, घनश्याम माली सहित बचवे अउर उनकर अभिभावक सहित अनेक लोग उपस्थित रहल।

243150cookie-checkबेटवा के याद में लइकन के दीहें निःशुल्क शिक्षा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.