[the_ad_group id="30365"]

डाकघर में लेनदेन के सेवा खातिर क्यूआर कोड भइल मान्य, ‘डाक-पे’ डिजिटल एप लांच, मिली तुरंत भुगतान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डाकघर में लेनदेन के सेवा खातिर क्यूआर कोड भइल मान्य, ‘डाक-पे’ डिजिटल एप लांच, मिली तुरंत भुगतान

छपरा/सारण: एगो क्यूआर कोड के ऑन स्पॉट स्कैन कs के डाकघर से लेनदेन से जुड़ल डोमेस्टिक मनी ट्रांसफर माने मनीऑर्डर आ ई॰ पेमेंट्स जइसन कइयन गो सेवा 16 अप्रिल से विभागीय यूपीआई के माध्यम से डिजिटल पेमेंट्स द्वारा सुरू हो जाई। एकरा अलावहु ई.पेमेंट्स, स्पीडपोस्ट आ रजिस्टर्ड पार्सल बुकिंग के संगे-संगे आउर डाक सेवा ऑनलाइन डीजिटल पेमेंट्स का आधार पs मिले लागी।

डाक अधीक्षक मुकेश लश्कर बतवनी कि विभागीय आदेश का आलोक में फिलहाल उपरोक्त सेवा छपरा प्रधान डाकघर आ मढ़ौरा अनुमंडल के प्रधान डाकघर में जहां एमपीसीएम माने मल्टी पर्पस काउंटर मशीन बा ओहिजा एकर सुरूआत कइल गइल बा। क्रम के मोताबिक लेखा आ शाखा डाकघरन में एकर विस्तार कइल जाई। डाक अधीक्षक श्री कुमार ने बतवनी कि जइसे कि सभे जानत बा कि डाक विभाग का माध्यम से कवनो सामान भेजला पs डाक शुल्क के भुगतान करे के होला। जवना ला लमहर लमहर लाइन आ लेनदेन में कैश मिलान में समे के नुकसान अब एह सब समस्या से राहत मिली आ समे मिलला के संगे सुविधा आउर बेहतर मिल पाई।

बतावत चलीं  कि डाक विभाग द्वारा ‘डाक-पे’ नाम से डिजिटल एप लांच कइल गइल बा

एकरा बारे में छपरा प्रधान डाक अधीक्षक मुकेश लश्कर बतवनी  कि एकरा पहिलही हमनी के डाक विभाग के ‘इंडिया पोस्ट पेमेंट बैंक’ ‘डाक-पे’ नाम से डिजिटल एप लांच कइल गइल बा। जवना से फोन-पे, गूगल पे आ अइसने आउर एप के तरे एह एप के माध्यम से हमनी के ग्राहक घर बइठे बैंक के सेवा ले सकेला लो।

एप्लीकेशन के यूयूपीआई के जरिए जोड़ल गइल 

डाक अधीक्षक इहो बतवनी कि एह ऐप के खासियत बा कि डाकघर के ग्राहकन के अलावे आउरो लोग डाउनलोड कs के एह एप के इस्तेमाल कs के लाभ ले सकते बा। एह एप्लीकेशन के यूनिफाइड पेमेंट इंटरफेस यानि यूपीआई के जरिए जोड़ल गइल बा। जवना से तमाम दोसर पेमेंट एप्लीकेशन के तर्ज पs इहो एप पेमेंट ले पाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]