[the_ad_group id="30365"]

इंडिया मोबाइल कांग्रेस में हिस्सा लेवे पहुंचलें पीएम मोदी, तनिके देर में लॉन्च करिहें 5G

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी इंडिया मोबाइल कांग्रेस (IMC 2022) के छठे एडिशन में 5जी सर्विस के शुभारंभ कर रहल बानें। ई कार्यक्रम चार अक्तूबर ले चले वाला बा। IMC 2022 के एके आधिकारिक एप से भी लाइव देखल जा सकsता। एही कार्यक्रम में 5जब नेटवर्क के इस्तेमाल के बारे में भी जानकारी मिली। बता देई कि IMC के शुरुआत पहिला बेर 2017 में कइल गइल रहे। पिछले दू साल से IMC के आयोजन वर्चुअल होत रहल।

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी इंडिया मोबाइल कांग्रेस (IMC 2022) में हिस्सा लेवे पहुंच गइल बानें। प्रधानमंत्री मोदी तनिके देर में 5जी सर्विस के शुभारंभ करे वाला बानें।
प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी नई दिल्ली के प्रगति मैदान में 5जी सर्विस के शुभारंभ करे वाला बानें। 5G तकनीक से निर्बाध कवरेज, उच्च डाटा दर, कम देरी आ अत्यधिक विश्वसनीय संचार सुविधा प्राप्त कइल जा सकी। एहसे ऊर्जा दक्षता, स्पेक्ट्रम दक्षता अउर नेटवर्क दक्षता में भी बेहतर रूप से सुधार होई। बता देईं कि प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी इंडिया मोबाइल कांग्रेस (IMC 2022) के छठे एडिशन में 5जी सर्विस के शुभारंभ कs रहल बानें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]