[the_ad_group id="30365"]

आज वाराणसी अइहें सीएम योगी, काशीवासियन के मिल सकsता 5G के सौगात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के हाथों नई दिल्ली में 5जी सेवा लॉचिंग के दौरान काशीवासियन के सौगात देवे खातिर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिचर के वाराणसी अइहें। देश के प्रमुख शहरन के संगही वाराणसी में भी एह सेवा के शुभारंभ हो सकsता। रुद्राक्ष कंवेंशन सेंटर में आयोजित कार्यक्रम के दौरान मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 5जी सेवा देवे वाली कंपनियन के प्रदर्शनी के शुभारंभ करिहें। एकरे बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी वर्चुअल माध्यम से मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से संवाद भी करिहें।
5जी सुविधा
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शनिचर के दिल्ली में वर्चुअल माध्यम से देश के प्रमुख शहरन में 5जी सेवा के शुरुआत करिहें। गांधी जयंती से एक दिन पहिले एह सेवा के सौगात काशीवासियन के मिलले के उम्मीद बा। रुद्राक्ष कंवेंशन सेंटर में एयरटेल के ओर से रुद्राक्ष में खास आयोजन कइल जा रहल बा। इहां 5जी के सेवा के प्रदर्शन भी कइल जाई।
एकरे बाद मुख्यमंत्री इहां मौजूद प्रबुद्धजन लोग से संवाद भी करिहें। 5जी सेवा खातिर पहिलही से 13 शहरन के चयन कइल गइल रहे। एहमें प्रदेश के राजधानी लखनऊ के शामिल कइल गइल बा मगर सूत्र के मानल जाव त वाराणसी में भी एह सेवा के शुभारंभ के घोषणा हो सकsता। अगर अइसन भइल त लखनऊ के साथ ही वाराणसी भी प्रदेश के अइसन शहर होई जहां लोग के 5जी की सुविधा मिली।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]