[the_ad_group id="30365"]

कार में यात्रियन के सुरक्षा खातिर सरकार कइलस बड़ फैसला, छह एयरबैग खातिर तय कइलस तारीख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सड़क हादसा में साइरस मिस्त्री के मौत के बाद कार में सवार यात्रियन के सुरक्षा के प्रति सरकार बहुते गंभीर बा। सरकार कार में छह एयरबैग अनिवार्य करे के प्रस्ताव लागू कइले के घोषणा कs देहले बा। एकरे सथही सरकार एकर जानकारी दीहले बा कि कौने तारीख से कारों में छह एयरबैग अनिवार्य हो जाई।

नितिन गडकरी कइलें घोषणा

केंद्रीय सड़क परिवहन अउर राजमार्ग मंत्री नितिन गडकरी सोशल मीडिया पर एकर जानकारी देहले बाने कि कौन तारीख से कार में छह एयरबैग के अनिवार्य कs दिहल जाई।

कौन तारीख से होई 6 एयरबैग अनिवार्य

केंद्रीय मंत्री के ओर से दीहल गइल जानकारी के मुताबिक एक अक्टूबर 2023 से यात्री कार में 6 एयरबैग अनिवार्य हो जाई। एक अक्टूबर 2023 से बनल नया कार में सुरक्षा खातिर 6 एयरबैग अनिवार्य हो जाई।

नितिन गडकरी ट्वीट में का कहलें

केंद्रीय सड़क परिवहन अउरी राजमार्ग मंत्री नितिन गडकरी सोशल मीडिया पर ट्वीट क के कहलें कि ऑटो उद्योग के सामने आ रहल वैश्विक आपूर्ति में बाधा अउरी व्यापक आर्थिक परिदृश्य पर एकरे प्रभाव के ध्यान में रखत 01 अक्टूबर 2023 से यात्री कार (एम -1 श्रेणी) में न्यूनतम 6 एयरबैग अनिवार्य करे वाले प्रस्ताव के लागू कइलें के निर्णय लिहल गइल बा।

कंपनियन के बा एह बात के चिंता

एसे पहिले कुछ कार निर्माता लोग सरकार के एह फैसला पर चिंता व्यक्त कइले रहे। कंपनियन के डर बा कि एह नियम के कारण कार के कीमत बढ़ जाई अउर एकर सीधा असर कारन के सेल्स पर पड़ी। एक अनुमान के मुताबिक, छह एयरबैग अनिवार्य कs देहले से हर सेगमेंट में कार के कीमत करीब 20 हजार रुपया ले बढ़ सकsता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]