[the_ad_group id="30365"]

पीएम किसान योजना : 11वीं किस्त के लाभ ना मिलल त तुरंत इन नंबर प फोन करीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु शिमला से पीएम किसान सम्मान निधि योजना के 11वीं किस्त जारी कइले बाड़न. आज एनडीए सरकार के 8 साल के अवसर पर शिमला में गरीब कल्याण योजना का आयोजन कइल गइल। ए दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 11वां किस्त के पईसा करोड़ों किसान के खाता में ट्रांसफर क देले बाड़े। देश भर के बहुत किसान बहुत देर तक ए किस्त के इंतजार करत रहले। उनकर इंतजार अब खतम हो गइल बा. दूसर ओर अगर प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि योजना के तहत 11वां किस्त के पईसा आपके खाता में नईखे आईल त आपके चिंता ना करे के पड़ी। आज हमनी के रउआ के बतावे जा रहल बानी जा कि रउआ कवना तरीका के मदद से रउआ आपन समस्या के समाधान कर सकेनी जा। पीएम किसान हेल्पडेस्क के मदद लेके रउआ अपना समस्या के समाधान पा सकेनी।

अगर प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि योजना के तहत 11वीं किस्त के पईसा आपके खाता में ना आई। अयीसना में तुरंत हेल्पलाइन नंबर 011-24300606 प फोन क के ए संबंध में जानकारी लेवे के चाही।

एकरा संगे-संगे आप पीएम किसान के टोल फ्री नंबर 18001155266 प फोन क के ए समस्या के समाधान भी पा सकतानी। एकरा अलावे आपके लगे ईमेल के विकल्प भी बा। पीएम किसान योजना के 11वीं किस्त खातिर पइसा ना मिलला के कारण रउरा pmkisan-ict@gov.in पर मेल क के जान सकेनी.

दोसरा तरफ अगर रउरा खाता में पीएम किसान योजना के 11वीं किस्त ना आवे त एकर एगो प्रमुख कारण इहो बा कि रउरा ई-केवाईसी नइखीं कइले. सरकार पीएम किसान योजना के सगरी लाभार्थियन के 31 मई से पहिले ई-केवाईसी करावल अनिवार्य कर दिहले रहुवे. अइसना में अगिला किस्त के लाभ पावे खातिर आजु 31 मई से पहिले पीएम किसान योजना में आपन ई-केवाईसी करावा लेबे के चाहीं.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]