[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी आजु शिमला से किसान सम्मान निधि के 11वीं किस्त करिहें जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के सरकार के 8 साल पूरा होखे के मौका प भाजपा देश भर में जश्न मनावतिया। एह कड़ी में आज पीएम मोदी शिमला में ‘गरिब कल्याण सम्मेलन’ में भाग लीहें आ विभिन्न योजना के लाभार्थी लोग से सीधे बातचीत करीहें।उ प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि योजना के तहत आर्थिक लाभ के 11वीं किस्तो जारी करीहें। प्रधानमंत्री कार्यालय सोमवार के जारी बयान में कहलस कि ए कार्यक्रम से देश भर के निर्वाचित जनप्रतिनिधि लोग के सीधा जनता से बातचीत क के सरकार के ओर से चलावल जा रहल विभिन्न कल्याणकारी कार्यक्रम के बारे में प्रतिक्रिया लेवे के मौका मिलेला।

जनता से सीधा संवाद कइल जाव

बयान में कहल गईल कि, प्रधानमंत्री 31 मई के सबेरे करीब 11 बजे ‘गरिब कल्याण सम्मेलन’ में भाग लीहे। देश भर के राज्यन के राजधानी, जिला मुख्यालय आ कृषि विज्ञान केन्द्रन में एह “अनोखा सार्वजनिक आयोजन” के आयोजन कइल जा रहल बा. ‘गरीब कल्याण सम्मेलन’ सुबह करीब 10.45 बजे से शुरू होई, जवना में मुख्यमंत्री, केंद्रीय मंत्री, राज्य मंत्री, संसद सदस्य, विधान सभा के सदस्य अवुरी बाकी चुनल जनप्रतिनिधि लोग अपना-अपना जगह प सीधा जनता से बातचीत करीहे देश में कहल गइल बा.

सम्मेलन के दौरान प्रधानमंत्री भारत सरकार के नौ मंत्रालय/विभाग के विभिन्न कार्यक्रम के लाभार्थी से सीधा बातचीत करीहे। बयान के मुताबिक, देश भर में आयोजित होखेवाला ए बातचीत के मकसद जनता से निर्विवाद अवुरी बेबाक राय लेवे, लोग के जीवन में कल्याणकारी योजना के असर के समझल अवुरी विभिन्न सरकारी योजना के समन्वय करे के तरीका खोजल बा।

बयान के मुताबिक, प्रधानमंत्री मोदी ‘प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि’ योजना के तहत आर्थिक लाभ के 11वां किस्त भी जारी करीहे। एकरा संगे 10 करोड़ से जादे किसान परिवार के करीब 21 हजार करोड़ के रकम मिली। ए मौका प प्रधानमंत्री देश भर में ए योजना के लाभार्थी लोग से भी बातचीत करीहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]