Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

“एक दिन एगो पंचायत” अभियान के तर्ज पs होई कोविड टीकाकरण, जनप्रतिनिधि दिही लो घोषणा पत्र

जिला में 31 जुलाई तक चले वाला विशेष टीकाकरण अभियान के सफल बनावे खातिर रणनीति बनावल गइल बा। “एक दिन एगो पंचायत” अभियान के अन्तर्गत पंचायत के सब गाँव/वार्ड में जरूरी टीकाकरण दल के संगे कोविड टीकाकरण हेतु सत्र आयोजित कइल जाई।

974

• 12 बरिस के ऊपर के प्रत्येक सदस्यन के होई सर्वे
• घर-घर जाके जानकारी जुटाई आशा कार्यकर्ता
• 60 दिन तक चली “हर घर दस्तक 2.0” अभियान

सीवान: कोविड टीकाकरण के लक्ष्य के शत-प्रतिशत हासिल करे आ हर आदमी के टीका लगावे के स्वास्थ विभाग के द्वारा हरसंभव कोसिस कइल जा रहल बा। टीकाकरण के मुहिम के गति देवे ला 60 दिन ले हर घर दस्तक अभियान चलावल जाई। एकरा के लेके स्वास्थ विभाग कावर से सुरू कs दिहल गइल बा। एह संबंध में राज्य स्वास्थ्य समिति के कार्यपालक निदेशक संजय कुमार सिंह पत्र जारी कs के आवश्यक दिशा-निरदेस दिहल गइल बा। कोविड टीका से वंचित आ निर्धारित टीकन ला ड्यू लाभार्थियन के चिह्नित कs के ओह लो के ओहि लो के गाँव में टीकाकरण के सेवा उपलब्ध करावे के बा। स्वास्थ कार्यकर्ता द्वारा अपना  पोषण क्षेत्र के हर घर के भ्रमण कs के घर के 12 बरिस से ऊपर आयु वर्ग के हर सदस्य खातिर कोविड 19 खातिर निर्धारित टीकन के प्राप्त करे सम्बन्धी जानकारी प्राप्त कs के निर्धारित टीकन से वंचित सदस्यन के सूचि तइयार करे के बा आ गाँव में आयोजित होखे आला टीकाकरण सत्र के तिथि से अवगत करावे के बा। स्वास्थ्य कार्यकर्ता द्वारा सत्र दिवस के दिन सब पात्र लाभार्थियन के सत्र पs आवे खातिर उत्प्रेरित कइल जाई।

एक दिन एगो पंचायत अभियान के तहत होई टीकाकरण:

जिला में 31 जुलाई तक चले वाला विशेष टीकाकरण अभियान के सफल बनावे खातिर रणनीति बनावल गइल बा। “एक दिन एगो पंचायत” अभियान के अन्तर्गत पंचायत के सब गाँव/वार्ड में जरूरी टीकाकरण दल के संगे कोविड टीकाकरण हेतु सत्र आयोजित कइल जाई। आयोजित कइल जाये आला सत्रन पs टीकाकरण दल के संगे जरूरी पर्यवेक्षक सम्बद्ध कइल जाई लो जेमे सहजोगी संस्थानन के प्रखंड स्तरीय कर्मी लो से सहजोग लिहल जाई। सत्र पs आउर स्वास्थ सेवा जइसे शुगर जाँच, बी.पी जाँच, हीमोग्लोबिन जाँच के उपलब्धता सुनिश्चित करे के बा जवना से लाभार्थियन के उत्प्रेरण हो सके।

पूर्ण टीकाकरण के घोषणा पत्र दिही लो जनप्रतिनिधि:

पंचायत में सत्र आयोजन से पहिले सम्बन्धित पंचायती राज संस्था के सदस्य, जीविका, आंगनबाड़ी से जरूरी तालमेल कs लिहल जाई। सम्बन्धित आशा अपना क्षेत्र में सत्र आयोजन के एक दिन पहिले सब घरन के भ्रमण करी लो आ पात्र लाभार्थियन के चिह्न के ओह लो के सत्र से जुड़ल जरूरी जानकारी उपलब्ध कराई लो। जेकर पर्यवेक्षण प्रखंड स्तर के कर्मियन द्वारा कइल जाई। हर घर दस्तक 2.0 अभियान के पूरा होखे से पहिले पंचायती राज संस्था के प्रतिनिधियन से प्रतिरक्षित क्षेत्र के घोषणा प्राप्त कइल आ  “हमार वार्ड/पंचायत प्रतिरक्षित वार्ड/पंचायत” जवना से ओह लो में एगो प्रतिस्पर्धा उत्पन्न होखे आ जादे से जादे लोगन  के उत्प्रेरण हो सके।

266150cookie-check“एक दिन एगो पंचायत” अभियान के तर्ज पs होई कोविड टीकाकरण, जनप्रतिनिधि दिही लो घोषणा पत्र

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.