[the_ad_group id="30365"]

पैर लगवतही दीवार से गिरे लागल पलास्टर, बिल्डिंग देख के भड़कली ADM, वीडियो वायरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश में बीतल दिन में नयका-नयका बनल सड़क के उखड़ले के वायरल वीडियो खूब सुर्खी बटोरलस त अब हरदोई जिला में जरूरतमंद के आवास देवे खातिर दस करोड़ रुपया के लागत से बनल आवास के दीवार के प्लास्टर जूता के नोक से गिरले के वीडियो सोशल मीडिया पर वायरल भइल बा।

आईएचएसडीपी योजना के अंतर्गत दस करोड़ रुपया के लागत से 252 आवास 10 साल पहिले बनल शुरू भइल रहे, लेकिन ई सरकारी आवास कौनो जरूरतमंद के घरौंदा बनत, एहसे पहिलही कबाड़ में बदल गइल बा। जब एह परियोजना के जांच भइल त निर्माण कार्य में लापरवाही के पोल खुल गइल।

सुक्क के जांच खातिर पहुंचल अपर जिलाधिकारी (एडीएम) वंदना त्रिवेदी के एगो वीडियो वायरल भइल बा। एहमें अपर जिलाधिकारी वंदना त्रिवेदी कुछ कमरा में अपने पैर के जूता से पलास्टर छू के देखत रहली। पैर से छूअतही दीवार के पलास्टर तुरंत टूट के जमीन पर गिरत नजर आ रहल बा, जेकरे बाद एडीएम कार्यदायी संस्था के जम के लताड़ लगवली।

ई पूरा वाकया सुक्क यानी 30 दिसंबर के ह जब जिला के बड़ परियोजना के भौतिक सत्यापन के स्थिति के ले के जिलाधिकारी के निर्देश पर अपर जिलाधिकारी वंदना त्रिवेदी संडीला नगर पालिका क्षेत्र में आईएचएसडीपी योजना के अंतर्गत दस करोड़ रुपए के लागत से बनल 252 आवास के परियोजना के निरीक्षण कइली।

ई आवास जरूरतमंद लोग के दिहल जाए के रहल। एह आवासन के परियोजना पर मई 2011 से काम शुरू भइल रहे अउर मई 2013 ले ई काम पूरा हो जाए के रहल लेकिन परियोजना शुरू होखले के 11 साल बीतले के बाद परियोजना पूरा नाइ हो पवलस अउर जरूरतमंद लोग के आवास दिहल गइले से पहिलही बनल आवास कबाड़ में बदल गइल।

एह परियोजना के निर्माण सीएनडीएस संस्था द्वारा करावल गइल बा लेकिन पिछले 2 साल से एह योजना के काम बंद होखले के चलते आवास के दीवार के पलास्टर टूट के नीचे गिरे लागल बा। आवास में लगावल गइल सरिया में अब्बे से जंग दिखाई पड़ रहल बा अउर खिड़की अउर दरवाजा के फ्रेम खराब हो गइल बा।

एह मामिला में अपर जिलाधिकारी वंदना त्रिवेदी बतवली कि पूरा मामिला में जांच रिपोर्ट जिलाधिकारी के दे दीहल गइल बा, जेकरे जांच के के बाद पूरा मामला में अग्रिम कार्रवाई कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]